[the_ad_group id="30365"]

श्रीलंका संकट: दवाई के कमी से बन रहल बा मेडिकल इमरजेंसी के हालात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीलंका का आर्थिक संकट अब जानलेवा बनले के मुकाम पर पहुंच गइल बा। अस्पताल में जीवन रक्षक दवाई के भारी कमी हो गइल बा। अस्पताल के मुताबिक ओनके ओ उपकरण के भी कमी के सामना करे के पड़ रहल बा, जेकर आपातकालीन इलाज में जरूरत पड़s ला। एह अभाव के सीधा कारण देश में विदेशी मुद्रा के कमी बा। एह कारण दवाई अउर जरूरी उपकरण के आयात नाइ हो पा रहल बा।

श्रीलंका सरकार मंगलवार के कर्ज डिफॉल्ट कइले के फैसला कइलस। यानी ऊ एलान कर देहनें कि ऊ तय समयसीमा के अंदर कर्ज अउर ब्याज के नाइ चुका पइहें। जानकारन के कहनाम बा कि एह फैसला के बाद श्रीलंका खातिर विदेशी मुद्रा हासिल कइल अउर कठिन हो जाई। टीवी चैनल अल-जजीरा के मुताबिक अब श्रीलंका सरकार आपन सारा उम्मीद चीन अउर अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष (आईएमएफ) पर टिका देहले बा। लेकिन विशेषज्ञ लोग के राय बा कि अब आईएमएफ बहुते सख्त शर्त पर कर्ज देवे के राजी होई।
डॉक्टर एह बात से खासा नाराज बानें लोग कि राजपक्षे सरकार लोग के सेहत के जरूरत के लगातार उपेक्षा कs रहल बा। ओनके नजरिया के आलोचना करत आलोचक लोग ध्यान दियवले बानें कि कि एह समय देश में स्वास्थ्य मंत्री के पद खाली बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]