[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान: शहबाज सरकार के बड़ फैसला : एह पूर्व प्रधानमंत्री के चुनले नया स्पीकर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के संसद शनिवार के पूर्व प्रधानमंत्री राजा परवेज अशरफ के नया स्पीकर नियुक्त करे अउर इमरान खान के नेतृत्व वाली पिछला सरकार के पक्ष में काम करे वाले डिप्टी स्पीकर कासिम खान सूरी के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव लावे खातिर तैयार बा। पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी (पीपीपी) के 71 वर्षीय अशरफ के आजु पद के शपथ दियावल जा सकत बा काहेंसेकि शुक्रवार दोपहर 12 बजे के समय सीमा ले उनके खिलाफ कौनो दूसर उम्मीदवार के तरफ से नामांकन पत्र जमा नाइ कइल गइल रहल। अपदस्थ प्रधानमंत्री खान के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव रखले के सुप्रीम कोर्ट के फैसला के लागू कइले में विफल रहले के बाद 9 अप्रैल के असद कैसर के इस्तीफा देहले के बाद अध्यक्ष के पद खाली हो गइल। अशरफ पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी के नेता बाने जौन कि पाकिस्तान के प्रधानमंत्री भी रह चुकल बाने अउर वर्तमान गठबंधन सरकार के प्रमुख सहयोगी बाने।

डिप्टी स्पीकर सूरी के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव लाई पाक सरकार

नेशनल असेंबली खान के पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) पार्टी के सदस्य अउर डिप्टी स्पीकर सूरी के खिलाफ पहिले अविश्वास प्रस्ताव पेश करी, जौन कि वर्तमान में कार्यवाहक अध्यक्ष के रूप में कार्य कs रहल बाने। 11 अप्रैल के पाकिस्तान के नयका प्रधान मंत्री के रूप में शहबाज शरीफ के चुनाव से ठीक पहिले, अपदस्थ प्रधान मंत्री खान के पार्टी के सांसद नेशनल असेंबली से इस्तीफा देहने के फैसला कइले। खान के पीटीआई गुरुवार के घोषणा कइलें कि सूरी 123 एमएनए के इस्तीफा स्वीकार कs लेहने अउर नेशनल असेंबली (एनए) सचिवालय ई एह संबंध में एगो अधिसूचना जारी कइले रहने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]