[the_ad_group id="30365"]

TBO टेक के शेयर 55% ऊपर ₹1,426 पs लिस्ट : आधार हाउसिंग फाइनेंस के बाजार में फ्लैट लिस्टिंग, सेंसेक्स में 200 अंक से जादे के गिरावट

share market
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में आज माने 15 मई के गिरावट देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 200 अंक से जादे के गिरावट के संगे 72,850 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा निफ्टियो में करीब 30 अंक के तेजी बा। ई 22,200 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा।

TBO टेक के शेयर 55% ऊपर लिस्ट

TBO टेक लिमिटेड के आज शेयर बाजार में सानदार एंट्री भइल। कंपनी के शेयर NSE पs 55% ऊपर ₹1,426 पs लिस्ट भइल। ओहिजा, BSE पs 50% प्रीमियम के संगे 1,380 रुपिया पs लिस्ट भइल। एकर इश्यू प्राइस 920 रुपिया के रहे।

ओहिजा, आधार हाउसिंग फाइनेंस लिमिटेड के शेयर बाजार में फ्लैट लिस्टिंग भइल। NSE पs एकर शेयर 315 रुपिया शेयर पs लिस्ट भइल। ओहिजा, BSE पs 0.2% डिस्काउंट के संगे 314.30 रुपिया पs लिस्ट भइल। एकर इश्यू प्राइस 315 रुपिया के रहे।

आज से गो डिजिट जनरल इंश्योरेंस के IPO में निवेश के मवका

क्रिकेटर विराट कोहली के इन्वेस्टमेंट वाला कंपनी गो डिजिट जनरल इंश्योरेंस के IPO सब्सक्रिप्शन खातिर आज माने 15 मई से खुली। रिटेल निवेशक एह IPO खातिर 17 मई तक बोली लगा सकी लो। मिनिमम एगो लॉट माने 55 शेयर खातिर अप्लाय करे के होई। कंपनी IPO के प्राइस बैंड ₹258-₹272 प्रति शेयर तय कइले बिया।

बिहान बाजार में रहले रहे तेजी

एकरा पहिले माने 14 मई के शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 328 अंक चढ़के 73,104 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 113 अंक के तेजी रहल  रहे। ई 22,217 के स्तर पs बंद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]