[the_ad_group id="30365"]

Share Market Holiday: आज ना होई स्टॉक के खरीद-बिक्री, जानीं कवना कारण बंद बा शेयर बाजार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हर हफ्ता सनीचर आ अतवार के शेयर बाजार (Share Market) बंद रहेला। एकरा अलावे राष्ट्रीय आ क्षेत्रीय त्योहार के मवका पs शेयर बाजार में कवनो कारोबार ना होला। आज शेयर बाजार में अतिरिक्त छुट्टी बा।

रउआ के बता दीं कि आज लोकसभा चुनाव के पांचवां चरण (Lok Sabha Election Phase 5) के वोटिंग हो रहल बा। मुंबई में आजो वोटिंग हs। एह वजह से आज नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) आ बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) में कवनो कारोबार ना होई। रउआ के बता देम कि एह महीना साप्ताहिक छुट्टी के अलावे कवनो आ दिन में स्टॉक मार्केट बंद ना रही।

का कमोडिटी मार्केट बंद बा?

इलेक्शन वोटिंग के वजह से आज कमोडिटी आ इलेक्ट्रॉनिक गोल्ड रिसीट (EGR) सेगमेंट बंद बा। आज सबेरे नौ बजे से सांझ पांच बजे तक एह सेगमेंट में ट्रेडिंग ना होई। बाकिर, सांझ के सेशन माने पांच बजे से सबेरे नौ बजे तक खातिर कमोडिटी मार्केट (MCX) चालू रही।

ओहिजा, नेशनल कमोडिटी एक्सचेंज (NCDEX) आज बंद बा। NCDEX में दुनो सेशन में ट्रेडिंग ना होई।

आवे वाला महीनन में कब बंद रही बाजार

बीएसई कावर से जारी शेयर मार्कट हॉलिडे लिस्ट के अनुसार जून, जुलाई, अगस्त आ अक्टूबर में साप्ताहिक छुट्टी के अलावा 1-1 दिन के छुट्टी होई। एकरा अलावे नवंबर में दु दी आ दिसंबर महीना में एक दिन बाजार बंद होई। एकर मतलब बा कि एह दिन सेंसेक्स (Sensex) आ निफ्टी (Nifty) में कवनो कारोबार ना होई।

पिछला हफ्ता कइसन रहे बाजार

पिछला कारोबारी हफ्ता में बाजार छव दिन खुलल रहे। सनीचर के बाजार के दुनो सूचकांक स्पेशल ट्रेडिंग खातिर खुलल रहे। जदि बात बाजार के कारोबार के करीं तs ओमे उतार-चढ़ाव जारी बा। 18 मई 2024 के सेंसेक्स 88.91 अंक चढ़के 74,005.94 अंक पs बंद भइल। ओहिजा, निफ्टियों 35.90 अंक के तेजी के संगे 22,502.00 अंक पs पहुंच गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]