[the_ad_group id="30365"]

कोटक महिंद्रा बैंक के शेयर 10% टूटल : शेयर बाजार में मामूली गिरावट, IT आ मेटल शेयर्स फिसलल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में आज माने 25 अप्रिल के शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 50 अंक से जादे के गिरावट के संगे 73,800 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा, निफ्टी में 30 अंक से जादे के गिरावट बा। ई 22,350 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा।

बैंकिंग, फार्मा आ पावर शेयर्स में जादे तेजी देखे के मिल रहल बा। निफ्टी बैंक PSU इंडेक्स में 1.66% आ फार्मा में 0.62% के तेजी बा। ओहिजा, FMCG, IT आ मेटल इंडेक्स में गिरावट देखे के मिल रहल बा।

प्रतिबंधन के बाद कोटक बैंक के शेयर 10% टूटल

भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) बुध के कोटक महिंद्रा बैंक के तत्काल प्रभाव से नया क्रेडिट कार्ड जारी करे से रोके के निरदेस देलस। एकरा संगही ऑनलाइन आ मोबाइल बैंकिंग चैनलन के माध्यम से नता ग्राहकन के जोड़े पs रोक लगा दिहल गइल बा। एकता चलते आज कोटक महिंद्रा बैंक के शेयर में 10% के गिरावट देखे के मिल रहल बा।

बैंक पर ई प्रतिबंध लगावे के कारण बतावत RBI कहलस कि 2022 आ 2023 के बीच ऊ पर्याप्त आईटी इंफ्रास्टक्चर ना होखे के लेके बैंक के आपन चिंता जतवले रहे, बाकिर बैंक एह कमियन के दूर करे में लगातार विफल रहल।

JNK इंडिया के IPO में निवेश के आखिरी मौका

JNK इंडिया लिमिटेड के इनिशियल पब्लिक ऑफर माने IPO में आज निवेश के आखिरी मवका बा। JNK इंडिया के IPO में रिटेल इन्वेस्टर्स 25 अप्रैल 2024 तक इन्वेस्ट कs सकत बा लो। कंपनी IPO के प्राइस बैंड ₹395-₹415 प्रति इक्विटी शेयर तय कइले बा।

एमे रिटेल निवेशक मिनिमम एगो लॉट माने 36 शेयर्स खातिर अप्लाई कs सकत बा लो। IPO के अपर प्राइस बैंड ₹415 के हिसाब से 1 लॉट खातिर रउआ ₹14,940 निवेश करे के होई। ओहिजा, मैक्सिमम 13 लॉट माने 468 शेयर्स खातिर ₹1,94,220 के इन्वेस्टमेंट करे के होई।

बिहान बाजार में रहल रहे तेजी

एकरा पहिले बिहान माने 24 अप्रिल के शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 114 अंक चढ़के 73,852 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टियो 34 अंक के तेजी रहल रहे। ई 22,402 के स्तर पs बंद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]