[the_ad_group id="30365"]

RSS: सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबोले अहिल्या देवी होलकर विशेषांक के कइलें लोकार्पण, 4 दिन के दौरा पs अइलें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के तारामंडल इस्थित बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह में राष्ट्रीय स्वयंसेवक के सर कार्यवाह अहिल्या देवी होलकर विशेषांक के लोकार्पण कइलें।

एकरा पहिले, राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबाले संघ के शाखा में राष्ट्र निर्माण, संघ के विस्तार आ सामाजिक विकृतियन पs चिंतन-मंथन कइलें। ऊ कहलें कि हिंदू समाज में भेदभाव आ छुआछूत खातिर कवनो जगह नइखे। एह भावना के पनपे मत दीं। एकरा खातिर निरंतर काम करे के जरूरत बा। भेदभाव के मिटाके समाज के विकृति से बचावल जा सकत बा।

सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबाले दु दिन पहिले गोरखपुर पहुंचल रहस। अतवार के सबेरे ऊ करीब छव बजे सहारा एस्टेट में संघ के शाखा में पहुंचलें। ऊ पदाधिकारियन आ स्वयंसेवकन के संगे बौद्धिक आ कुटुम्ब प्रबोधन पs विमर्श कइलें। सबेरे संघ के शाखा के सुरुआत सबेरे ध्वज प्रणाम से भइल। ओकरा बाद बौद्धिक सत्र सुरू भइल, जेमे राष्ट्र निर्माण आ सामाजिक समरसता जइसन मुद्दन पs विमर्श भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]