Bihar: ब्राउन शुगर खरीदे खातिर घरे से ना मिलल पइसा तऽ दु गो युवक लगवले फांसी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

पिछला एक सप्ताह में नालंदा में ब्राउन शुगर के लत के चलते दु युवक आत्महत्या कऽ लेले बाड़े। बता दीं कि इ मामला बिहार थाना क्षेत्र के हऽ। युवक घर में ब्राउन शुगर के 500

Share

पिछला एक सप्ताह में नालंदा में ब्राउन शुगर के लत के चलते दु युवक आत्महत्या कऽ लेले बाड़े। बता दीं कि इ मामला बिहार थाना क्षेत्र के हऽ। युवक घर में ब्राउन शुगर के 500 रुपया के मांग कइले रहले, जब पइसा ना मिलल तऽ उऽ फांसी लगा के आत्महत्या कऽ लेले। नशा के सवख के रूप में लेवे वाला नवहन के एकर लत लागे लागल बा। जवना के बाद उ लोग कवनो कीमत चुकावे खाती तइयार बाड़े।

नशा के लत के चलते एक सप्ताह में 2 युवक आत्महत्या क लेले

बता दीं कि 29 सितंबर के चंडी थाना क्षेत्र के बाजार इलाका के एगो 24 साल के युवक गौरव कुमार ब्राउन शुगर अउरी ऑनलाइन गेम के लत होखला के चलते आत्महत्या कऽ लेलस। गेम आ नशा के लत के चलते ओकरा पऽ बहुत कर्जा जमा हो गइल रहे, एहसे उऽ अपना के कमरा में बंद क के फांसी लगा देले। एही समय बिहार थाना क्षेत्र के भैसासूर निवासी गरीबन प्रसाद के 22 साल के बेटा गोलू कुमार शनिचर के सबेरे फांसी लगा के आत्महत्या कऽ लेलस। उऽ ब्राउन शुगर खाती घर में 500 रुपया के मांग कईले रहले।

ग्रामीण क्षेत्र में नशा के कारोबार फइल रहल बा

बिहार शरीफ जिला में ना बलुक राजगीर आ हिलसा अनुमंडल समेत ग्रामीण इलाका में नशा के कारोबार तेजी से फइल रहल बा। बता दीं कि तस्कर छोट लइकन आ मेहरारूअन से नसा बेचत बाड़े। खबर के मुताबिक, लइका कुल शहर में घूम-घूम के नसा बेचत बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.