[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली मेट्रो के खिलाफ साजिश! असामाजिक तत्व सिग्नलिंग केबल के कइलस डैमेज

दिल्ली मेट्रो :फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

देश भर में रेल दुर्घटना करावे के लगातार साजिश के बीच असामाजिक तत्व भी दिल्ली मेट्रो के खिलाफ साजिश रचले बाड़े। राजधानी के येलो लाइन पs असामाजिक तत्व हैदरपुर बादली मोड अवुरी जहांगीरपुरी स्टेशन के बीच ‘सिग्नलिंग केबल’ के नुकसान पहुंचवले, जवना के चलते सोमार के सबेरे ट्रेन सेवा प्रभावित भईल। यात्रियन के असुविधा के सामना करे के पड़ल।

दिल्ली मेट्रो रेल निगम (डीएमआरसी) के प्रधान कार्यकारी निदेशक अनुज दयाल बतवले कि हैदरपुर बादली मोड़ अवुरी जहांगीरपुरी मेट्रो स्टेशन के बीच कुछ बदमाश के ‘सिग्नलिंग केबल’ के नुकसान पहुंचावे के चलते ‘येलो लाइन’ पs ​​ट्रेन सेवा प्रभावित भईल बा अवुरी प्रयास कईल जाता एकरा के ठीक करे खातिर।

अनुज दयाल कहले कि दिन में लोग के परेशानी से बचे खातीर रात में जरूरी मरम्मत के काम कईल जाई। बता दीं कि मेट्रो के ‘येलो लाइन’ गुरुग्राम के मिलेनियम सिटी सेंटर अवुरी दिल्ली के समयपुर बादली के बीच चलेला। एह रूट पs बहुते व्यस्तता बनल बा.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]