[the_ad_group id="30365"]

अवैध खनन के विरोध में आत्मदाह करे वाले संत विजयदास के निधन, दिल्ली के अस्पताल में रहलें भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भरतपुर के पसोपा गांव में संत विजय दास अवैध खनन के विरोध में खुद के आग लगा लेहले रहने। संत विजयदास के शुक्रवार के रात में दिल्ली के सफदरजंग अस्पताल में निधन हो गइल। उनके पार्थिव शरीर के शनिवार बिहाने उनके परिजन लोग के सौंप दिहल गइल।

जिले के डीग क्षेत्र में आदिबद्री धाम अउरी कनकाचल में हो रहल अवैध खनन के विरोध में साधु-संत आंदोलन करत रहने लोग। 20 जुलाई के बड़ संख्या में साधु-संत विरोध करे खातिर जुटले। एही दौरान आंदोलन स्थल पर संत विजयदास (65 साल) आत्मदाह कs लेहले। पुलिस अउरी अन्य लोग ओनके तुरंत कंबल में लपेट देहल लेकिन तब ले ऊ 80 फीसदी जल चुकल रहने।

ओनके आरबीएम अस्पताल में भर्ती करवावल गइल लेकिन उनकर हालत गंभीर होखले पर उनके पहिले जयपुर के एसएमएस अस्पताल, फिर दिल्ली के सफदरजंग अस्पताल में भर्ती करवावल गइल, जहाँ आजु उनकर मौत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]