[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में छात्र फंदा से लटककर कइलस खुदकुशी, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के शाहपुर इलाका में बिछिया ताड़ीखाना के समीप रहे वाले श्याम बाबू के पुत्र अवेंद्र कुमार (19) शुक्रवार के घर में फंदा से  लटककर खुदकुशी कर लेहले। ऊ गोरखपुर विश्वविद्यालय में बीएससी के छात्र रहने। पुलिस कमरा के दरवाजा तोड़कर शव के कब्जा में ले लेहलस।

जानकारी के मुताबिक, श्याम बाबू प्राइवेट में बिजली मरम्मत के काम करेने। दू बेटन में अवेंद्र बड़ रहने। सुबह 9:30 बजे के करीब पिता ओनके जगावे पहुंचले त अंदर से कमरा बंद रहल, काफी प्रयास के बाद कमरा नहीं खुलले पs ऊ पुलिस के सूचना देहलें। पुलिस छात्र के मोबाइल फोन कब्जा में ले के खुदकुशी के कारण के जांच कर रहल बा।

व्हाट्सएप स्टेटस लगाके लिखले रहले खुदकुशी के बात

अवेंद्र गुरुवार रात में व्हाट्सएप स्टेटस पर खुदकुशी के बात लिखल रहल। उ इहो लिखले रहने कि दू बार पहिलहू कोशिश क चुकल बानीं, ई फाइनल कदम ह। ई स्टेटस पढ़ले के बादे पुलिस मोबाइल फोन के कब्जा में ले लिहलस। हालांकि, पुलिस के हाथ अभिन कौनो ऐसन साक्ष्य नाइ मिलल बा, जेसे खुदकुशी के वजह स्पष्ट हो सके।

शाहपुर इंस्पेक्टर रणधीर मिश्रा ने बतवले कि छात्र स्टेटस पर खुदकुशी के कोशिश के बात लिखल रहे। उनकर मोबाइल फोन के कब्जा में लेके जांच कइल जा रहल बा। घरवाले भी कौनो वजह नाइ बता पा रहल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]