Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

368
  1. बिहार: अब NIA करी पटना में जेहादी ट्रेनिंग के ममिला के जांच, बिहार पुलिस कइलस 26 संदिग्धन के पहचान, 5 गिरफ्तार।
  2. बिहार: बिहार में 900 से बेसी पूर्व विधायक आ 140 पूर्व विधान पार्षदन के पेंशन पs हर साल खरच हो रहल बा 74 करोड़ रुपिया।
  3. उत्तर प्रदेश: हाथरस में बड़ हादसा, डंपर कावरियन के कचरलस, छव के मौत, दु घायल।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश भाजपा पs लगवले गंभीर आरोप, बोलले- झूठा प्रचार के सहारे सत्ता में बनल रहल चाहत बिया सरकार, नइखे रोके के चाहत महँगाई के मार।
  5. झारखंड: राष्ट्रपति चुनाव में भाजपा के रणनीति काम आइल, NDA के बनावल प्लाट में कांग्रेस आ राजद टूटल।
  6. ममता के मंत्री के करीबी के घरे ED के छापा: घर से 20 करोड़ रुपिया मिलल, उद्योग मंत्री पार्थ चटर्जी के करीबी अर्पिता चटर्जी के घर से मिलल बा खज़ाना।
  7. अकासा एयर टिकट बुकिंग सुरु कइलस, पहिला फ्लाइट 7 अगस्त के। सबसे कम किराया 3,282 रुपिया के बा।
  8. अजय देवगन के बेस्ट एक्टर के नेशनल अवार्ड, मध्यप्रदेश मोस्ट फ़िल्म फ्रेंडली स्टेट।
  9. नीरज चोपड़ा, रोहित आ एल्डोस एथिलेटिक्स चैंपियनशिप के फाइनल में।
  10. रोमांचक मुकाबला में 3 रन से जीतल भारत: अंतिम ओवर में 15 रन ना बना सकल वेस्टइंडीज, लगातार 7 वनडे मुकाबला हारल।
298690cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.