[the_ad_group id="30365"]

Parliament Winter Session 2022: संसद के शीतकालीन सत्र में सामिल ना होइहें राहुल गांधी समेत कांग्रेस के ई बड़ नेता, जानीं का बा कारण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Parliament Winter Session 2022: 7 दिसंबर माने बुध से संसद के शीतकालीन सत्र सुरू होखे वाला बा। अबकी बेर संसद के शीतकालीन सत्र में कांग्रेस के तमाम दिग्गज नेता दिखाई ना दी लो। सूत्रन के मोताबिक, कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष राहुल गांधी, वरिष्ठ नेता जयराम रमेश आ दिग्विजय सिंह सहित पार्टी के तमाम बड़ नेता शीतकालीन सत्र में हिस्सा ना लिही लोग।

राहुल गांधी सहित पार्टी के कइयन गो बड़ नेता अभी भारत जोड़ो यात्रा में व्यस्त बा लो। एही बीच संसद के शीतकालीन सत्रो सुरू हो रहल बा। सूत्रन के मोताबिक पार्टी नेतृत्व नइखे चाहत कि ‘भारत जोड़ो यात्रा’ से लोगन के धेयान भटके, एहिसे आलाकमान ई फैसला कइले बा कि राहुल सहित कइयन गो बड़ नेता यात्रा के जारी रखी लो।

सोनिया गांधी के उपस्थिति पर बा संशय

सूत्रन के मोताबिक, राहुल गांधी अबकी बेर संसद के शीतकालीन सत्र से दूर रहिहें। शीतकालीन सत्र में सामिल होखे के लेके कांग्रेस पार्टी के पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी पर संशय बरकरार बा। पार्टी सूत्रन के कहनाम बा कि कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे के फ्री हैंड देवे खातिर सोनिया अब पार्टी से संबंधित ममिलन से दूरी बनावे के सोच रहल बाड़ी। इहे कारण बा कि ऊ अबकी बेर संसद में पार्टी के अगुवाई करत ना लउकिहे।

राज्यसभा में विपक्ष के नेता पर होई बैठक!

मल्लिकार्जुन खड़गे के कांग्रेस अध्यक्ष बनला के बाद, पार्टी के सामने राज्यसभा में विपक्ष के नेता चुनलो एगो बड़ चुनौती बा। सूत्रन के मोताबिक, संसद के शीतकालीन सत्र सुरू होखे से पहिलही पार्टी अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे एगो अहम बैठक करे वाला बाड़े। एह बैठक में राज्यसभा में विपक्ष के नेता चुने के लेके चरचा हो सकत बा। खड़गे के जगह अब पी चिदंबरम भा दिग्विजय सिंह के ई जिम्मेदारी दिहल जा सकत बा।

शीतकालीन सत्र में आयोजित होई 17 बैठक

केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री प्रह्लाद जोशी मीडिया के बतावल कि अबकी बेर संसद के शीतकालीन सत्र 7 से 29 दिसंबर तक चली। एह दौरान 23 दिनन में 17 बैठक आयोजित कइल जाई। अमृत काल के बीच सत्र के दौरान विधायी कार्य आ आउर मुद्दन पs चरचा के उम्मीद बा। केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री कहलें कि सरकार रचनात्मक बहस के खातिर तइयार बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]