Bihar Election 2024: गधहा पऽ चढ़के नामांकन दाखिल करे पहुंचले निर्दलीय प्रत्याशी, लोगन के लागल भीड़

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2024

Bihar Politics बिहार के गोपालगंज लोकसभा सीट खातिर नामांकन जारी बा। निर्दलीय प्रत्याशियन  में नामांकन के प्रक्रिया तेज बा। इसी क्रम में एह सीट पs आज एगो दिलचस्प नजारा देखे के मिलल बा। इहाँ एगो

Share

Bihar Politics बिहार के गोपालगंज लोकसभा सीट खातिर नामांकन जारी बा। निर्दलीय प्रत्याशियन  में नामांकन के प्रक्रिया तेज बा। इसी क्रम में एह सीट पs आज एगो दिलचस्प नजारा देखे के मिलल बा। इहाँ एगो निर्दलीय प्रत्याशी सत्येंद्र बैठा गधहा पs बइठ के नामांकन करे पहुंचल बाड़े। सत्येंद्र बैठा के देखे खातिर लोगन के भीड़ लाग गइल। कई लोग सेल्फी लेत लउकल।

उहे, सत्येंद्र बैठा खूब खुश नजर आवत रहले। सत्येंद्र बैठा एकरा से पहिलहू गोपालगंज से किस्मत आजमा चुकल बाड़न। उऽ 45 साल के बाड़न।

निर्दलीय प्रत्याशी के समर्थकन के साथे दू हो घोड़ो रहे

निर्दलीय प्रत्याशी के समर्थकन के साथे दू गो घोड़ो रहे। बता दी कि राजग समर्थित जदयू प्रत्याशी निवर्तमान सांसद डॉ. आलोक कुमार सुमन आ आईएनडीआईए समर्थित वीआईपी प्रत्याशी प्रेमनाथ चंचल उर्फ चंचल पासवान चार मई के नामांकन पत्र दाखिल करिहे।

इहाँ एनडीए vs राजग उम्मीदवार में होई मुकाबला

ओहिजा एह सीट पs महागठबंधन मुकेश साहनी के पार्टी के उम्मीदवार के टिकट देले बा। वीआईपी पार्टी गोपालगंज जिला के थावे प्रखंड के बेदु टोला निवासी ई. सुदामा मांझी के बेटा प्रेमनाथ चंचल उर्फ चंचल पासवान के उम्मीदवार बनवले बा। जेकर सामना NDA प्रत्याशी डॉ. आलोक कुमार से होई।

गोपालगंज में 25 मई के मतदान (Gopalganj Voting Date)

गोपालगंज समेत 8 सीटन पs 25 मई के चुनाव होई। गोपालगंज के अलावा जवना सीटन पs मतदान बा, उऽ बा पश्चिमी चंपारण, पूर्वी चंपारण, शिवहर, वैशाली, सीवान, महाराजगंज आ वाल्मिकीनगर बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.