[the_ad_group id="30365"]

जीजा के जूता चुराइल चाहत रहे छोट साला साहब बाकिर लंबाई के कारन खा गइल मात, 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सोशल मीडिया के दुनिया लोग के बहुत मनोरंजन के इंतजाम करेला। जब भी केहू ऊब जाला तs सोशल मीडिया पs आ जाला आ फेर एहिजा अइसन वीडियो देखे के मिलेला जवन ओकरा के हँसे पs मजबूर कs देला. कबो कवनो शेफ के अजीब तरीका से खाना बनावे के वीडियो वायरल हो जाला त कबो रील खातिर लोग के अजीबोगरीब काम करे के वीडियो देखे के मिलेला। कुल मिलाके सोशल मीडिया मनोरंजन के एगो बढ़िया साधन हs.

भारत में होखे वाला शादी-बियाह में जूता चोरी के संस्कार भी बा जवन काफी लोकप्रिय बा। एहमें दूल्हा के जूता चोरा के वापसी के बदला में कुछ पईसा मांगल जाला। एह संस्कार के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। वीडियो में देखाई देता कि छोट साला अपना जीजा के जूता चोरा लेवे के चाहतारे लेकिन सफल ना हो पावत बाड़े। काहे कि जीजा हाथ से जूता ऊपर उठा लेले बाड़े। छोट भाई के कद बहुत छोट बा एहसे उs जूता ले ना पहुंच पावत बाड़े।

ई वीडियो kucch_bikhre_ahsaas नाम के पेज से इंस्टाग्राम पs शेयर कइल गइल बा। खबर लिखे के समय ले 4 हजार से जादा लोग वीडियो के पसंद कईले बाड़े। वीडियो देखला के बाद एगो यूजर लिखले बा – भाई के आपन हक बा, दे दs यार। तs एगो दोसर यूजर लिखले – कब से साला जूता चोरी करे लगले, साली के हक बा, बाँटे से पहिले ज्ञान ले लीं। अउरी कई गो यूजर हँसत इमोजी शेयर कईले बाड़े।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]