[the_ad_group id="30365"]

UN : भारत संयुक्त राष्ट्र में पाकिस्तान प कटाक्ष कइलस, कहलस- हर मामला में ओकर ट्रैक रिकॉर्ड खराब बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रुचिरा कम्बोज कहली कि ‘अपना विनाशकारी आ हानिकारक संस्कृति के चलते उ लोग हमनी के सामूहिक प्रयास के भी गुमराह करे के कोशिश करतारे।’ कम्बोज कहली कि, हमनी के चाहब कि इ प्रतिनिधिमंडल सम्मान आ कूटनीति के मूल सिद्धांत के पालन करे।’

भारत एक बेर फेरु संयुक्त राष्ट्र में पाकिस्तान के कटाक्ष कइलस । भारत पाकिस्तान के कड़ा आलोचना करत कहलस कि हर मामला में पाकिस्तान के ट्रैक रिकॉर्ड संदिग्ध बा। संयुक्त राष्ट्र में ‘शांति के संस्कृति’ विषय प महासभा के बैठक भइल, जवना में पाकिस्तान के राजदूत मुनीर अकरम भारत के खिलाफ बयानबाजी कइले आ अयोध्या , कश्मीर, सीएए आ राम मंदिर के मुद्दा प भारत के खिलाफ टिप्पणी कइले। एकरा जवाब में संयुक्त राष्ट्र में भारत के स्थायी प्रतिनिधि रुचिरा कम्बोज पाकिस्तान प निशाना साधत कहली।

भारत पाकिस्तान के शिष्टाचार के सबक सिखवलस

रुचिरा कम्बोज कहली कि ‘एह बईठक में हम शांति के संस्कृति के बात करतानी।’ अइसन चुनौतीपूर्ण समय में हमनी के ध्यान रचनात्मक संवाद प होखे के चाहीं । अइसने में हमनी के एगो प्रतिनिधिमंडल (पाकिस्तान) के टिप्पणी के अनदेखी करे के चाहीं काहे कि ओहमें ना खाली शिष्टाचार के कमी बा बलुक हर मामिला में ओह लोग के आपन ट्रैक रिकॉर्ड संदिग्ध बा । उ लोग भी आपन विनाशकारी आ हानिकारक संस्कृति के चलते हमनी के सामूहिक प्रयास के गुमराह करे के कोशिश कर रहल बाड़े। कम्बोज कहली कि हमनी के चाहब कि इ प्रतिनिधिमंडल सम्मान आ कूटनीति के मूल सिद्धांत के पालन करे।

भारत कई धर्मन के जन्मभूमि ह

भारत के स्थायी प्रतिनिधि कहले कि ‘आतंकवाद शांति के संस्कृति के खिलाफ बा आ इ करुणा, सह-अस्तित्व जइसन धर्म के शिक्षा के खिलाफ भी बा।’ हमनी के देश के मानना बा कि पूरा दुनिया एक परिवार ह आ संयुक्त राष्ट्र सभा के सभ सदस्य देश के भी एकरा प विश्वास करे के चाही ताकि शांति के संस्कृति के बढ़ावा दिहल जा सके। कम्बोज कहली कि वैश्विक चुनौती बढ़ रहल बा। बढ़त असहिष्णुता, भेदभाव आ धर्म आधारित हिंसा के चुनौती पर तत्काल ध्यान देवे के जरूरत बा । चर्च, बौद्ध स्थल, गुरुद्वारा, मस्जिद, मंदिर आ यहूदी तीर्थ जइसन पवित्र जगहन पर हमला के बढ़त घटना से हमनी के चिंतित बानी स । ध्यान देवे वाला बात बा कि पाकिस्तान में रोज हिन्दू मंदिर आ गुरुद्वारा प हमला के घटना सोझा आवत रहेला।

कम्बोज कहली कि ‘अहिंसा के मंत्र महात्मा गांधी जी देले रहले आ इहे आज भी हमनी के देश के आधार बा।’ पाकिस्तान के आईना देखावत भारत के प्रतिनिधि कहली कि भारत सिर्फ हिन्दू, बौद्ध, जैन आ सिख धर्म के जन्मभूमि ना ह बलुक इस्लाम, यहूदी, ईसाई आ पारसी जइसन धर्म के भी मजबूत आधार बा। भारत के इतिहास बा कि शोषण के सामना करे वाला हर वर्ग आ धर्म से जुड़ल लोग के आश्रय दिहल आ विविधता में एकता बनवले राखे के बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]