[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: मूर्ति विसर्जन करावे गइल सिपाही के संगे बदसलूकी, मनबढ़ फड़ले वर्दी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के चौरीचौरा थाना क्षेत्र के डुमरी खास में बियफे के सांझ मूर्ति विसर्जन करावे खातिर पहुंचल चौरीचौरा के एगो सिपाही के साथ बदसलूकी कइल गइल। डुमरी खास गांव के युवक गाली गलौज करत सिपाही के वर्दी के फाड़ दिहल लो। पीड़ित सिपाही एगो नामजद आ पांच छव गो युवकन के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बाड़े।

चौरीचौरा थाना प कास्टेबल राहुल यादव आ मनोज यादव डुमरी खास के बंधू सिंह स्मारक के लगे मूर्ति विसर्जन करावे में लागल रहे लो तबे आधा दर्जन युवक पहुंचल लो आ तेज गति से गाड़ी चलावत रहे लो। जवना से आवे जाये वाला लोग डर आ सहम जात रहे लो। दुनो सिपाही जब युवकन के अइसन करे से मना कइल लो तो सब युवक सिपाहियन से भीड़ गइल लो आ ओह लो के संगे बदसलूकी करत गाली गलौज करे लागल लो।

युवक कांस्टेबल राहुल के वर्दी के फाड़ दिहल लो आ उनकर बैज नोंच लेलस लो। सिपाही नजब फोर्स मंगावे के बात कइल लो त युवक उहां से भागे लगले स। भागत घरी सिपाही लोग एगो युवक के गाड़ी के पीछे से खींच लिहल लो। जवना से ऊ आपन गाड़ी ओहिजे छोड़के फरार हो गइल। मौका प पहुंचल पुलिस गाड़ी के सीज क देलस।

कांस्टेबल राहुल यादव के तहरीर प चौरीचौरा थाना में आरोपी युवक डुमरी खास निवासी अनिल मौर्या पुत्र दूधनाथ मौर्या आ पांच छह अज्ञात युवकन के खिलाफ मुकदमा दर्ज कइल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]