[the_ad_group id="30365"]

RTE: दाखिला में लापरवाही पs सख्त एक्शन तय, निजी स्कूलन पs सुरू हो सकत बा कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एजुकेशन डेस्क। शिक्षा के अधिकार (आरटीई) अधिनियम के तहत चयनित लईकन के अभी ले प्रवेश ना देवे वाल निजी स्कूलन के खिलाफ प्रशासन अब कड़ा रुख अपनावे जा रहल बा। जिलाधिकारी के निरदेस के बाद सोमार से अईसन स्कूलन के खिलाफ कार्रवाई सुरू होई। जवना स्कूलन में अभी ले एको बच्चा दाखिल नइखे भइल, उहां के प्रिंसिपलन के अंतिम चेतावनी दिहल गइल बा।

बाल गाइड, विश्वनाथ एकेडमी आ गोमतीनगर इस्थित जयपुरिया स्कूल जइसन संस्थान अभी ले शून्य भा बहुते कम लईकन के प्रवेश देले बा। ओहिजा सिटी मोंटेसरी स्कूल 40 चयनित लईकन में से खाली 20 के प्रवेश देले बा, जवन आरटीई के शर्तन के स्पष्ट उल्लंघन बा।

3000 लईकन के इंतजार जारी

शहर में अभियो करीब 3000 गरीब लईका के प्रतीक्षा कs रहल बा लो। बुध के डीएम विशाख जी समीक्षा बैठक में बेसिक शिक्षा अधिकारी के निरदेसित कइले रहस कि अइसन सब स्कूलन पs कड़ी कार्रवाई कइल जाये। अब एह स्कूलन के प्रिंसिपल के नाम से एफआईआर करावे के चेतावनी के नोटिस दिहल गइल बा।

मुरादाबाद प्रकरण से बढ़ल सख्ती

मुरादाबाद में एगो लईकी आरटीई के तहत प्रवेश ना देवे के ममिला मुख्यमंत्री के जनता दरबार तक पहुंचल रहे, जवना के बाद कुछे घंटा में स्कूल के दाखिला देखे के पड़ल। एही के बाद लखनऊ प्रशासन सक्रिय भइल बा आ अब मनमानी कs रहल स्कूलन पs सीधे एक्शन के योजना बा।

बीएसए राम प्रवेश बतवलें कि एक जुलाई से स्कूलों में पढ़ाई सुरू होई, एकरा के ध्यान में रखत प्रवेश से वंचित लईकन के दाखिला दिलावल जाई। मनमानी करे वाला स्कूलन पs अब सीधे कार्रवाई होई।

Read Also: Lalit Modi: सुप्रीम कोर्ट से ललित मोदी के झटका, बीसीसीआई से ईडी का जुर्माना भरे के मांग वाली याचिका खारिज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]