UP News : आज से खुली प्रदेश के बेसिक आ माध्यमिक स्कूल, 15 जुलाई तक चली स्कूल चलो अभियान, ई होई टाइमिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 1, 2025

एजुकेशन डेस्क। प्रदेश में बेसिक आ माध्यमिक शिक्षा विभाग के स्कूल गर्मी के छुट्टियन के बाद मंगर के एक जुलाई से खुली। एकरा संगही शैक्षिक सत्र 2025-26 के शुरुआत के संगही एक से 15 जुलाई

Share

एजुकेशन डेस्क। प्रदेश में बेसिक आ माध्यमिक शिक्षा विभाग के स्कूल गर्मी के छुट्टियन के बाद मंगर के एक जुलाई से खुली। एकरा संगही शैक्षिक सत्र 2025-26 के शुरुआत के संगही एक से 15 जुलाई तक स्कूल चलो अभियान के दूसरा चरण पूरा प्रदेश में चलावल जाई। एकरा माध्यम से विद्यालयन में लईकन के नामांकन बढ़ावे खातिर शिक्षक, विद्यालय प्रबंध समिति के सदस्य आ मां समूह के सदस्य घर-घर जाई लो। ओहिजा कक्षा एक से तीन तक के 45 लाख से जादे लईका के नया सत्र के किताबो मिल जाई।

प्रदेश में परिषदीय विद्यालयन में 20 मई से 15 जून तक गर्मी के छुट्टी रहे। 16 जून से शिक्षक-शिक्षामित्र आदि खातिर विद्यालय खुलल बाकिर लईकन खातिर छुट्टी 30 जून तक बढ़ा दिहल गइल रहे। पहिलका दिन विद्यालय खुलला पs लईकन के रोली-चंदन लगाके स्वागत कइल जाई।

बेसिक शिक्षा विभाग के ओर से निरदेस दिहल गइल बा कि स्कूलन के सजावल जाये। ओहिजा, मिड-डे-मील में खीर, हलवा आदि परोसल जाई। राज्य सरकार सब जिलन में स्कूल चलो अभियान खातिर दु लाख रुपिया के बजट स्वीकृत कइले बिया। घर के काम भा सामाजिक कारणन से स्कूल से दूर रहे वाली बालिकन के नामांकन आ उपस्थिति पs विशेष बल दिहल जाइ। अभी ले स्कूलन में 1.40 करोड़ लईकन के नामांकन करावल जा चुकल बा। बेसिक शिक्षा निदेशक प्रताप सिंह बघेल अधिकारियन के निरदेस देलें, लईकन के डीबीटी कइल जा चुकल बा। उ लोग ड्रेस में स्कूल आवे, ई सुनिश्चित कइल जाई।

दूसरका तरफ माध्यमिक के विद्यालयन में 20 मई से 30 जून तक गरमी के छुट्टी रहे। ई विद्यालय एक जुलाई से सबेरे 7:30 से दुपहरिया 1:30 बजे तक खुली। एही तरे प्रदेश के सब बेसिक स्कूल सबेरे आठ बजे से लेके दु बजे तक चली। एह साल पहिला बेर गर्मी के छुट्टियन में बेसिक आ माध्यमिक विद्यालयन में समर कैंप के आयोजन कइल गइल बा। एकरा माध्यम से विद्यार्थियन के बहुमुखी विकास कइल गइल।

Read Also: 01 जुलाई 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.