[the_ad_group id="30365"]

RSS नेता मदन दास देवी के निधन, पीएम मोदी जतवले दुख, बोलले- उनकरा से बहुत कुछ सीखे के मिलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

संघ के वरिष्ठ प्रचारक मदन दास देवी के सोमवार के सबेरे निधन हो गईल। उ 81 साल के उमिर में बेंगलुरु में आपन आखिरी सांस लेले। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मदन दास देवी के निधन पs शोक जतवले बाड़न। पीएम मोदी कहले कि हमरा उनुका से ना सिर्फ घनिष्ठ संबंध रहे, बालुक हमेशा बहुत कुछ सीखे के मौका मिलल।

बतावल जाता कि मदन दास देवी के मउत सबेरे पांच बजे बेंगलुरु में हो गईल। मदन दास संघ आ एबीवीपी में बहुते पद पs रह चुकल बाड़न। उ ABVP के राष्ट्रीय संगठन मंत्री अवुरी संघ के सह-सरकार के जिम्मेवारी पs रहल बाड़े।

मदन दास देवी के नश्वर पार्थिव शरीर के अंतिम दर्शन खातिर बेंगलुरु के आरएसएस कार्यालय केशवकृपा में 24 जुलाई के दुपहरिया 1.30 बजे से 4.00 बजे तक राखल जाई। मंगल के दिने उनकर आखिरी संस्कार पुणे में कइल जाई।

पीएम मोदी ट्वीट क लिखले कि श्री मदन दास देवी जी के निधन से बेहद दुखी बानी। उ आपन पूरा जीवन राष्ट्र के सेवा में समर्पित क देले। ना खाली ओह लोग से हमार घनिष्ठ संबंध रहे, बलुक हमेशा बहुत कुछ सीखे के मौका मिलल, भगवान एह दुख के घड़ी में कुल कार्यकर्ता आ ओह लोग के परिवार के संबल देस। ॐ शांति!।

 

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]