- बिहार: दरभंगा में जरत चिता से शव के फेंकल गइल… लोगन के पिटाई; श्मशान के जमीन के लेके भइल बवाल, पुलिस पs पथराव; घर में आगजनी, गाडियन के फूंकल गइल। 22 कठ्ठा जमीन के लेके बा विवाद।
- बिहार: 4 करोड़ के रथ से सहनी निकलिहें निषाद आरक्षण यात्रा; राजशाही बेडरूम से लेके मीटिंग रूम तक; पार्टी के दावा- मर्सिडीज बेंज से बनल बा लग्जरी रथ। बिहार, झारखंड आ यूपी के यात्रा करिहें मुकेश सहनी।
- उत्तर प्रदेश: यमुना एक्सप्रेस-वे पs भीषण हादसा, 4 के मौत; कार सवार घायलन के बचावत रहे लो, तबे बस गाड़ी समेत 3 जुवकन के रउदलस। मृतकन में 3 पुरुष आ एक महिला सामिल।
- उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी में 26 जुलाई तक ना होई ASI सर्वे; सुप्रीम कोर्ट कहलस- मस्जिद कमेटी वाराणसी कोर्ट के आदेस के खिलाफ हाईकोर्ट जा सकत बा।
- झारखंड: झारखंड में बढ़त बांग्लादेशी घुसपैठ पs चिंतित राज्यपाल; मुख्य सचिव आ मुख्यमंत्री से सीपी राधाकृष्णन कइलें चरचा, आदिवासी महिलन से बियाह कs रहल बाड़ें सs बांग्लादेशी।
- मणिपुर पs संसद में हंगामा, आप सांसद संजय सिंह सस्पेंड: खड़गे के आरोप- विपक्ष के आवाज दबावे के कोसिस; शाह बोललें- सरकार चरचा खातिर तइयार। संजय सिंह के सस्पेंशन के प्रस्ताव ध्वनि मत से भइल पास।
- सुप्रीम कोर्ट के असम में परिसिमन रोके से इनकार: चुनाव आयोग जारी रख सकत बा प्रोसेस, लोकसभा आ विधानसभा सीटन खातिर जारी रही परिसिमन के प्रक्रिया।
- दिल्ली में यमुना फेर खतरा के निशान से ऊपर: पालघर में एगो शख्स नदी में बहल; सौराष्ट्र-कच्छ में भारी बरखा के अलर्ट।
- रूस के सड़क पs लोगन से मिललें पुतिन: ब्राइड के संगे फोटो खिंचववलें, तीन हफ्ता पहिले 8 साल के बच्ची के मिले ऑफिस बोलवले रहस। 36 घंटा के बगावत के बाद पुतिन के इमेज पs पड़ल बा असर।
- भारत-वेस्टइंडीज दुसरका टेस्ट… जीत से 8 विकेट दूर टीम इंडिया: विंडीज के सोझा 365 रन के लक्ष्य, टीम 76 रन बनवले बिया। अश्विन-जडेजा के जोड़ी के टेस्ट क्रिकेट में 500 विकेट पूरा।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 24, 2023
बिहार: दरभंगा में जरत चिता से शव के फेंकल गइल… लोगन के पिटाई; श्मशान के जमीन के लेके भइल बवाल, पुलिस पs पथराव; घर में आगजनी, गाडियन के फूंकल गइल। 22 कठ्ठा जमीन के लेके
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






