[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बनी अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम: अखाड़न के होई पुनरुद्धार, गरीबन खातिर बनी कल्याण मंडपम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर में सीएम योगी आदित्यनाथ राजेंद्र नगर के भाटी विहार कॉलोनी में स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स सहित आउर विकास योजनन के शिलान्यास कइलें। एह दौरान ऊ बाघा गाना रोड पs ताल के जमीन में इंटरनेशनल स्टेडियम बनावे के घोषणा के संगही शहर के भीतर गरीब लोगन के शादी बियाह आ आउर मांगलिक कार्यक्रमन के संपन्न करावल जाये खातिर डेढ़ करोड़ के लागत से कल्याण मंडपम बनावे घोषणा कइलें। मंच से अमर शहीद चंद्रशेखर आजाद आ बाल गंगा तिलक के इयाद करत श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। एह दौरान भारत भीम स्वर्गीय जनार्दन सिंह पहलवान के इयाद कइलें। ऊ शहर के पक्कीबाग सहित आउर प्रमुख अखाड़न के सुधि लेत ओकनी के पुनरुद्धार आ कुश्ती के बढ़ावा देवे के बात कहलें।

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के ओर से बनवावल जाये वाला रामगढ़ताल रिंग रोड पs 44 करोड़ 13 लाख रुपिया खरचा होई। एकरा बन गइला से पर्यटक ताल के चारो तरफ घूम के एकर सुंदरता के निहार सकी लो। संगही पैडलेगंज से आरकेबीके से होत सहारा स्टेट के आसपास बसल कॉलोनियन के लोगन के आवागमन के एगो नया आ बढ़िया विकल्पो मिल जाई। अतवार के आयोजित शिलान्यास समारोह में सीएम कुल 78 करोड़ रुपिया के लागत वाली जीडीए के पांच आ जिला नगरीय विकास अभिकरण के 38 समेत कुल 43 परियोजनन के शिलान्यास कइलें।

शिलान्यास के एह परियोजनान में 68.11 करोड़ रुपिया के लागत वाली गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के पांच आ 9.69 करोड़ रुपिया के लागत वाली जिला नगरीय विकास अभिकरण (डूडा) के 38 परियोजना सामिल बा। एमे भाटी विहार कॉलोनी में मिनी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स के शिलान्यास प्रमुख रूप से सामिल बा। विधानमंडल क्षेत्र विकास निधि से करीब दु एकड़ में बने वाला एह वॉटर स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स के बनावे में 6 करोड़ 17 लाख 80 हजार रुपिया खर्च कइल जाई। मिनी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में सिंथेटिक ट्रैक, बास्केटबाल कोर्ट, इंडोर बैडमिंटन कोर्ट, लॉन टेनिस कोर्ट, वॉलीबॉल कोर्ट आ टेबिल टेनिस कोर्ट, शूटिंग रेंज, क्रिकेट नेट प्रैक्टिस रेंज, कइयन गो आउर खेलन खातिर मल्टी परपज हाल बनावल जाई।

जीडीए के एह प्रमुख परियोजनन के भइल शिलान्यास

  • पैडलेगंज से सहारा स्टेट तक रामगढ़ताल रिंग रोड, लागत, 44 करोड़ 13 लाख रुपिया
  • 63 परिषदीय प्राथमिक विद्यालयन के कायाकल्प, लागत 11 करोड़ 24 लाख 78 हजार रुपिया
  • भाटी विहार कॉलोनी में मिनी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स, लागत 6 करोड़ 17 लाख 80 हजार रुपिया
  • रामनगर चौराहा से सोनौली रोड के जोड़े वाली सड़क के चौड़ीकरण, साइड इंटरलॉकिंग आ आउर काम, लागत 4 करोड़ 3 लाख 16 हजार रुपिया
  • रामनगर चौराहा से सोनौली रोड के जोड़े वाली सड़क से विद्युत लाइन आ ट्रांसफार्मर के शिफ्टिंग आउर पथ प्रकाश, लागत 2 करोड़ 52 लाख 52 हजार रुपिया
  • गोरखनाथ इंडस्ट्रियल स्टेट में फोरलेन सड़क बनावे के घोषणा।

कार्यक्रम में सांसद रवि किशन, मेयर डॉक्टर मंगलेश, विधायक महेंद्र पाल सिंह, विपिन सिंह, डॉक्टर विमलेश पासवान, एमएलसी डॉ.धर्मेंद्र सिंह, कालीबाड़ी के महंत रविंद्र दास, जिला अध्यक्ष डिस्ट्रिक्ट सिंह आ महानगर अध्यक्ष राजेश गुप्ता सहित आउर लोग मवजूद रहल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]