[the_ad_group id="30365"]

Bihar New DGP: आरएस भट्टी होइहें बिहार के नया डीजीपी, एसके सिंघल के कार्यकाल बिहान हो रहल बा समाप्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के अगिला पुलिस महानिदेशक राजविंदर सिंह भट्टी (RS Bhatti) होइहें। ऊ एसके सिंघल के जगह लिहें। सिंघल के कार्यकाल 19 दिसंबर के समाप्त हो रहल बा। आरएस भट्टी के कार्यकाल 30 सितंबर 2025 तक खातिर होई। ऊ 1990 बैच के आईपीएस हवे आ फिलहाल केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs बाड़ें। आरएस भट्टी पंजाब के रहे वाला हवे।

भट्टी केंद्रीय प्रतिनियुक्ति से लवटलें तs मुख्यालयो चउकल

19 दिसंबर के बिहार के पुलिस महानिदेशक (डीजीपी) एस. के. सिंघल के रिटायर होखला के एक दिन पहिले अतवार के पुलिस मुख्यालय में 1989 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी आलोक राज के नया डीजीपी मानल जात रहे, बाकिर राज्यपाल के आदेश से जारी गृह (आरक्षी) विभाग के अधिसूचना से सभे चउक गइल।

केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs रहल 1990 बैच के आईपीएस अधिकारी आर. एस. भट्टी के राज्य के नया डीजीपी नियुक्त कs दिहल गइल। भट्टी के नाम के चरचा पहिले से रहे, बाकिर ऊ एगो बैच बाद के हवे आ केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs सीमा सुरक्षा बल के पूवी कमांड के अपर महानिदेशक के पद पs तैनात रहस, एहीसे अतवार के डीजी (प्रशिक्षण) आलाेक राज के डीजीपी मानके तमाम आईपीएस अधिकारी बधाइ देत रहे लोग। भट्टी सुरुआती दौर में राजधानी पटना में अपना काम से चर्चित रहल रहस। राजविंदर सिंह भट्टी के छवि एगो सख्त अधिकारी के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]