भोजपुरी जन जागरण अभियान के 18 वां धरना के आयोजन दिल्ली के जंतर मंतर पs आज

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 18, 2022

आज 18 दिसंबर के भोजपुरी रंगमंच के महान लोककलाकार भिखारी ठाकुर जी के जयंती हs आ संसद के सत्रो चल रहल बा। एकरा के ध्यान में राखि के भोजपुरी जन जागरण अभियान के 18वां धरना

Share

आज 18 दिसंबर के भोजपुरी रंगमंच के महान लोककलाकार भिखारी ठाकुर जी के जयंती हs आ संसद के सत्रो चल रहल बा। एकरा के ध्यान में राखि के भोजपुरी जन जागरण अभियान के 18वां धरना के आयोजन दिल्ली के जंतर मंतर पर 11बजे से दोपहर 2 बजे तक आहूत बा।

भोजपुरी जन जागरण अभियान…एगो अभियान भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर समर्पित बा। भोजपुरी भाषा के जेतना इज्जत मिले के चाही ऊ अबही लें नइखे मिलल।एह भाषा के सम्मान दिलावे खातिर जवन हो सके कइल जा रहल बा।

एह अभियान के अध्यक्ष संतोष पटेल जी बतवनी की आवेवाला समय में केहू के ई ना सुने के मिली कि भोजपुरी समाज के लोग दोसरा समाज से कवनो मामला में पाछे बाड़े | भोजपुरी के आठवाँ अनुसूची में शामिल करावे खातिर अभियान लगातार प्रयासरत बा, जब ले ई काम पूरा नइखे हो जात हमनी के दम ना लेब जा।

संस्था के आयोजक राजेश भोजपुरिया जी कहनी कि एही कड़ी में अभियान के अठारहवां धरना प्रदर्शन आज 18 दिसम्बर,2022 के दिल्ली के जंतर-मंतर पर आहूत बा। रउआ सभे तमाम भोजपुरी भाषी संस्था,प्रेमी लोगन से निहोरा बा कि दिल्ली के जंतर-मंतर पर जुट के भोजपुरी के आवाज बुलंद करीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.