[the_ad_group id="30365"]

शहीद भइल यूपी के जवानन के परिजन के 50 लाख रुपया अउर एक सदस्य के नौकरी के एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सिक्किम में कर्तव्य पालन के दौरान वीरगति पावल सेना के जवानन के भावभीनी श्रद्धांजलि दिहले बानें। ऊ जनपद मुजफ्फरनगर निवासी सेना के जवान लोकेश कुमार, जनपद उन्नाव निवासी सेना के जवान श्याम सिंह यादव, जनपद एटा निवासी सेना के जवान भूपेन्द्र सिंह अउर जनपद ललितपुर निवासी सेना के जवान चरन सिंह के शौर्य अउर वीरता के नमन करत आपन श्रद्धांजलि दी।

मुख्यमंत्री प्रदेश के शहीद सैनिकन के परिजन लोग 50-50 लाख रुपया के आर्थिक सहायता देवे के घोषणा कइले बानें। ऊ एह शहीदन के परिवार के एक सदस्य के सरकारी नौकरी देवे अउर शहीद लोकेश कुमार, श्याम सिंह यादव, भूपेन्द्र सिंह तथा चरन सिंह के नाम पर उनके जनपद के एक सड़क के नामकरण करे के भी घोषणा कइले बानें।

मुख्यमंत्री शहीद सैनिक के परिजन के प्रति आपन संवेदना व्यक्त करत कहनें कि शोक के एगो घड़ी में राज्य सरकार उनके संगे बानें। ऊ कहनें कि प्रदेश के शहीद सैनिकन के अन्तिम संस्कार राजकीय सम्मान के साथ कइल जाई। शहीद सैनिकन के अन्तिम संस्कार में राज्य सरकार के मंत्रीगण सम्मिलित हो के श्रद्धांजलि दीहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]