[the_ad_group id="30365"]

शहीदन के पार्थिव शरीर लेवे बागडोगरा एयरफोर्स स्टेशन पहुंचल सेना के ट्रक, दीहल जाई अंतिम श्रद्धांजलि

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तरी सिक्किम के जेमा में एगो सड़क दुर्घटना में जान गंवावे वाले सैन्य कर्मियन के पार्थिव शरीर के लेवे खातिर सेना के ट्रक वायु सेना स्टेशन पहुंच गइल बा। पोस्टमार्टम प्रक्रिया पूरा होखले के बाद पार्थिव शरीर के बागडोगरा एयरपोर्ट भेज दिहल जाई। एकरे बाद एह वीरसपूतन के अंतिम श्रद्धांजलि दीहल जाई। बता देईं कि सुक्क के सिक्किम के जेमा में सेना के ट्रक खाई में गिरले से 16 जवान शहीद हो गइल रहनें।

खड़ा ढलान पs फिसल गइल रहे सेना के गाड़ी

सेना के मुताबिक, जेमा के रास्ता में गाड़ी एगो तिरछा मोड़ पर खड़ा ढलान पर फिसल गइल। बचाव अभियान तुरंत शुरू कइल गइल अउर चार घायल सैनिकन हवाई मार्ग से निकालल जा रहल बा। एहमें दुर्भाग्य से तीन जूनियर कमीशंड अधिकारियन अउर 16 सैनिकन के दुर्घटना में लागल चोट के चलते दम तोड़ दिहलें। एह दुख के घड़ी में भारतीय सेना शोक संतप्त परिवार के संगे ठाढ़ बा।

ई ह शहीद जवानन के सूची

पश्चिम बंगाल, सिक्किम के मुख्यमंत्री शोक जतवलें

सिक्किम के मुख्यमंत्री प्रेम सिंह तमांग भी गहिर दुख व्यक्त कइलें। तमांग ट्वीट कइलें कि जेमा में भइल दुर्घटना में हमनीके 16 बहादुर जवान के जान चलल गइल। दुख के एह घड़ी में शोक संतप्त परिवार के प्रति गहिराह संवेदना व्यक्त करतनीं। हम घायल भइल चार जवानन के शीघ्र स्वस्थ भइले के कामना करsतनीं। पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी भी जवानन के मौत पs शोक व्यक्त कइलें अउर घायलन के जल्दी स्वस्थ होखले के कामना कइलें।

ऊ ट्वीट कइली कि उत्तरी सिक्किम में भइल सड़क दुर्घटना में भारतीय सेना के 16 बहादुर जवानन के मौत से हमके गहिर दुख बा। शोक संतप्त परिवारन के के प्रति हार्दिक संवेदना व्यक्त करतानीं। ईश्वर उनके एह अपूरणीय क्षति के सहन करे के शक्ति देवें। घायलन के शीघ्र स्वस्थ होखले के कामना करतनीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]