[the_ad_group id="30365"]

बांके बिहारी मंदिर में श्रद्धालुअन के जम के पिटाई कइलें सुरक्षाकर्मी लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वृंदावन के ठाकुर बांकेबिहारी मंदिर के व्यवस्था के सम्हारे के तैनात निजी सुरक्षाकर्मी लोग गुंडई पर उतारू हो गइलें। आए दिन श्रद्धालुअन के संगे बदसलूकी अउर मारपीट के घटना आम बात हो गइल बा। उहवें मंदिर के सेवायत भी एह सुरक्षाकर्मियन के मनमानी अउर दबंगई से खास परेशान बानें। मंदिर प्रबंधन सब जानत अनजान बनल बइठल बा। अब लोग पुलिस प्रशासन से मंदिर के निजी सुरक्षाकर्मियन के खिलाफ कार्रवाई करे के मांग कइले बानें।

बांके बिहारी मंदिर में सुक्क के श्रद्धालुअन के संगे निजी सुरक्षाकर्मी लोग मारपीट कs लिहल। एकर वीडियो भी सोशल मीडिया पs वायरल भइल बा। श्रद्धालुअन के दल सुक्क के साँझ बांके बिहारी मंदिर में दर्शन करत रहनें। एही दौरान कौनो बात के ले के श्रद्धालु अउर गार्ड के बीच कहासुनी हो गइल। सुरक्षा कर्मी गुंडई दिखावत मंदिर परिसर में ही श्रद्धालु के संगे मारपीट शुरू कs दिहलें। एहसे अफरातफरी मच गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]