[the_ad_group id="30365"]

ऋषि सुनक आ कि लिज ट्रस, के होई ब्रिटेन के अगिला प्रधानमंत्री? आज आई नतीजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रिटेन के सत्ता पs काबिज कंजर्वेटिव पार्टी दो महीना के लमहर प्रक्रिया के बाद आज तय कs लेई कि संसद के निचला सदन- हाउस ऑफ कॉमन्स में उनकर नेता अउर देश के अगिला प्रधानमंत्री के होई। पीएम पद के एह रेस में आखिर ले खाली दुइये चेहरा बचल बा- पूर्व वित्त मंत्री ऋषि सुनक अउरी मौजूदा विदेश मंत्री लिज ट्रस।

आजु साँझ 6 बजे कंजर्वेटिव पार्टी के चुनावी कमेटी के नेता एलान कर दीहें कि एह दूनों में कंजर्वेटिव पार्टी के कार्यकर्ता लोग केके आपन पहिला पसंद बतवलें बा

ब्रिटेन में अब ले आइल सर्वे में सोझे आइल बा कि लिज ट्रस कंजर्वेटिव पार्टी के कार्यकर्ता के पहिला पसंद बाड़ें। उनके ऋषि सुनक के खिलाफ निम्मन बढ़त मिलल बा। हालांकि, अलग-अलग डिबेट कार्यक्रम में खराब प्रदर्शन के चलते विशेषज्ञ उनके चुनाव के ले के साफ राय जाहिर नाइ कइलें बानें। हालांकि, सुनक के वादा के बावजूद ऊ एह चुनाव में काफी पिछड़ल नजर आवतनें।

मजेदार बात ई बा कि ट्रस अउर सुनक में आज जे भी ब्रिटेन के अगिला प्रधानमंत्री चुनल जाई, ऊ छह साल में एह देश के चउथा पीएम होई। एसे पहिले डेविड कैमरन, थेरेसा मे, बोरिस जॉनसन 2016 से लेके 2022 तक अलग-अलग अंतराल में पीएम पद पर रहल बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]