[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बीच गंगा में टकराइल 50 लोगन से भरल 2 गो नाव; पटना में 12 लोग लापता; रेस्क्यू में जुटल SDRF के टीम।
  2. बिहार: मिशन 2024 के तइयारी में नीतीश, आज साँझ के दिल्ली जइहें: 3 दिन दिल्ली में रहिहें, राहुल गांधी समेत कइयन गो विपक्षी नेता लोगन से मिलिहें, केजरीवाल से मिले के संभावना।
  3. उत्तर प्रदेश: कौशांबी में पुलिस बुजुर्ग के रायफल के बट से पीटलस, मौत; SSP बोलले- धक्का मुक्की में गइल जान।
  4. उत्तर प्रदेश: लखनऊ के लेवाना सुइट्स होटल में लागल आग, फायर बिग्रेड के 3 गो गाड़ी मौका पs पहुंचली सs।
  5. झारखंड: आज विधानसभा में विस्वास मत पेश करी सोरेन सरकार: रायपुर से रांची पहुंचल लो 32 विधायक, विशेष सत्र में शामिल होई लो।
  6. टाटा ग्रुप के पूर्व चैयरमैन साइरस मिस्त्री के पालघर में भइल सड़क दुर्घटना में निधन, मुंबई के महिला डॉक्टर चलावत रहली कार।
  7. हल्ला बोल रैली में सरकार के राहुल गांधी के जवाब, कहले- सरकार दबाव बना रहल बिया। बढ़त महंगाई के खिलाफ दिल्ली के रामलीला मैदान में भइल रैली।
  8. गुलाम नबी आजाद के मिशन जम्मू-कश्मीर, नाया पार्टी के झंडा आ नाम कश्मीरी तय करी लो।
  9. महेंद्र सिंह धोनी करिहें CSK के कप्तानी: पिछला सीजन में सुपर किंग्स दु बेर कप्तान बदलले रहे, अब CEO बोलले- माही संभरिहे कमान।
  10. 8 साल बाद एशिया कप में पाकिस्तान से हारल भारत, आसिफ अली के कैच छोड़ल पड़ल भारी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]