Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

552
  1. बिहार: ‘जब ले जदयू रही… बीजेपी के संगे ना जाएम; CM बोलले- 2017 में साथे आइल गलती रहे, 2014 में पहिलहू कहले रहस- BJP के संगे ना जाएम।
  2. बिहार: मंत्री तेजप्रताप विभागीय बैठक के रिल्स बनवले… इंस्टा पs डलले, बीजेपी बोलल- जनता के पईसन पs मौज हो रहल बा।
  3. उत्तर प्रदेश: लखनऊ के होटल लेवाना सुइट्स के मैनेजर आ मालिक से पूछताछ, सीएम के सख्ती के बाद एक्शन। सबेरे आग लगला से भइल बा 4 लोग के मौत।
  4. उत्तर प्रदेश: सुभासपा के यूपी महासचिव के इस्तीफा, कहले- मुख्तार अंसारी के कहले पs चलेले ओमप्रकाश राजभर।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन विश्वास मत जीतले; झारखंड विधानसभा में बोलले- आंदोलनकारी के बेटा, डरे वाला नइखे, भाजपा कइलस वॉकआउट।
  6. साइरस मिस्त्री के कार के आखिरी सीसीटीवी वीडियो आइल सोझा: मर्सिडीज के स्पीड 134 KMPH रहे, मात्र 9 मिनट में तय कइले रहे 20 किमी के दूरी।
  7. ब्रिटेन के तीसरी महिला प्रधानमंत्री होइहें लिज ट्रस: भारतीय मूल के ऋषि सुनक के हरवली, क्वीन एलिजाबेथ कार्यकाल में 15 वां पीएम के शपथ दिलइहें।
  8. काबुल में रूसी एम्बेसी के बाहर फियादीन हमला: 2 रूसी डिप्लोमेट्स समेत 20 लोगन के मौत; 6 साल पहिलहू इहवें भइल रहे हमला।
  9. भारत पहुंचली बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना: 8 सितंबर तक रहिहें; दुनो देशन के बीचे हो सकत बा 7 गो समझौता।
  10. विकिपीडिया में अर्शदीप के खलिस्तान से जोड़ल गइल: सरकार विकिपीडिया के अफसरन के नोटिस भेजलस, कहलस- क्रिकेटर के परिवार के हो सकेला खतरा।
322620cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.