[the_ad_group id="30365"]

Richa Chadha: जलदिए माई बनिहें Fukrey एक्ट्रेस ऋचा चड्ढा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड एक्टर अली फजल (Ali Fazal) आ एक्ट्रेस ऋचा चड्ढा जलदिए पैरेंट्स बने वाला बा लो। ई कपल के पहिला लइका हऽ जवना के लेके दुनु जाना बेहद एक्साइटडेट बा लो।  सुक के दिने अली फजल आ ऋचा चड्ढा आधिकारिक तौर पऽ एक्ट्रेस के प्रेग्नेंसी के जानकारी साझा कइले बा। बता दी कि दुनु जाना साल 2022 में बियाह कइले रहे। उहे, अब जलदिए अपना पहिला लइका के स्वागत करे वाला बा।

ऋचा आ अली के बियाह

अली फजल आ ऋचा चड्ढा, 23 सितंबर, 2022 के बियाह के बंधन में बन्हल रहे, आ निकाह कइले रहे लो। इंका लो के वेडिंग फंक्शन मुंबई, दिल्ली आ लखनऊ समेत तीन गो सहरन में भइल रहे। पिछला साल अली फजल आ ऋचा चड्ढा बियाह के पहिलका सालगिरह सेलिब्रेट कइले रहे।

अली फजल आ ऋचा चड्ढा प्रेग्नेंसी के गुड न्यूज फैंस के साथे शेयर करे खातिर अपना आधिकारिक इंस्टाग्राम अकाउंट पऽ  एगो खूबसूरत पोस्ट शेयर कइले बा। पोस्ट में ई जोड़ी दुगो फोटो शेयर कइले बा। पहिलका फोटो में लिखल बा ‘1+1= 3’। उहे, दोसरका फोटो में ऋचा आ अली एक- दूसरे के देख रहल बा आ साइड में प्रेगनेंसी से जुड़ल एगो इमोजी बनल बा।  एकरा साथहि कपल के जड़िये कैप्शन में लिखल बा “एगो छोट दिल के धड़कन, हमनी के दुनिया के सबसे तेज आवाज बा।”

अली- ऋचा के मिलल ढेर खानी बधाई 

ऋचा चड्ढा आ अली फजल जइसहि प्रेगनेंसी के गुड न्यूज शेयर कइलस लो ओकरा बाद बधाई देवे वालन के लड़ि लाग गइल। कपल के पोस्ट पऽ कई गो बॉलीवुड स्टार्स लो रिएक्ट कइले बा। एमे सबा आजाद, सैयामी खेर, करिश्मा तन्ना, काल्कि कोचलिन, सुशांत दिवगीकर आ आकृति कक्कड़ समेत कई गो  सेलिब्रेटी लो बधाई देलस।

ऋचा आ अली के लव स्टोरी

अली फजल आ ऋचा चड्ढा के लव स्टोरी फिल्म फुकरे के सेट से शुरू भइल रहे। साल 2012 में शूटिंग के दौरान दुनु जाना एक- दूसरे के नजदीक आइल रहे। एकरा बाद ऋचा आ अली सालों तक एक दोसरा के डेटिंग कइलस आ फेर ओकरा बाद साल 2022 में एक – दोसरा के हमसफर बनल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]