[the_ad_group id="30365"]

Entertainment: TBMAUJ के कहानी लोगन के केतना कइलस इंप्रेस, जानि शाहिद-कृति के लव स्टोरी हिट आ फ्लॉप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शाहिद कपूर आ कृति सेनन के फिल्म ‘तेरी बातों में ऐसा उलझा जिया’ पs  रिव्यू आवे लागल बा। सोशल मीडिया पs दर्शक के मिलल – जुलल रिएक्शन देखे के मिलत बा। 9 फरवरी के रिलीज भइल शाहिद-कृति के लव स्टोरी लोगन के कइसन लागल इहाँ जानी ।

 

शाहिद कपूर और कृति सेनन की रोमांटिक फिल्म ‘तेरी बातों में ऐसा उलझा जिया’ 9 फरवरी, 2024 के सिनेमाघर में रिलीज हो चुकल बा। शाहिद आ कृति के इ फिल्म के रिलीज के तुरंत बाद दर्शकन से मिलल-जुलल रिव्यू मिल रहल बा। शाहिद कपूर फिल्म ‘जर्सी’ के दू साल बाद ‘तेरी बातों में ऐसा उलझा जिया’ से धमाका कई के वापसी कर चूकल बाडन ।

। सोशल मीडिया पs फिल्म के गाना आ ट्रेलर तs फैंस के बीच धूम मचा देलख, बाकी देखी फिल्म के कहानी फैंस पs आपन जादू चलावे में कामियाब रहत बिया की ना।

इहा जानी शाहिद कृति के सिनेमा हिट रहल की फ्लॉप।

  1. teri-baaton-mein-aisa-uljha-jiya--reaction-shahid-kapoor-and-kriti-sanon-love-story-hit-or-flop-
    Entertainment: TBMAUJ के कहानी लोगन के केतना कइलख इंप्रेस, जानि शाहिद-कृति के लव स्टोरी हिट या फ्लॉप

 

पहिले 20 मिनट कहानी में कुछ खास देखे के ना मिलल,बाकी कहानी के आगे बढ़त शाहिद कपूर आ कृति सेनन के बीच के केमिस्ट्री देखे के मिली।

 

सोशल मीडिया यूजर ने लिखले, इ फिल्म एगो डिलाइटफुल ROM-COM बा सभे के बहुत पसंद आवे वाला बा। ई फिल्म वेलेंटाइन्स डे विक में देखल जा सकत बा। शाहिद कपूर आ कृति सेनन के बीच के केमिस्ट्री देखे जुकुर बा, बाकी फिल्म के कहानी ओतना निमन नइखे।

 

कहानी ठीक बा बाकी फिल्म के निर्देशन बहुत अच्छा से कइल गइल बा, सभे कलाकार लोग दमदार काम कइले बा, गाना चार्टबस्टर बा, कुल मिलके इ एगो सुपर डुपर हिट फिल्म

बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]