[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पटना के दीघा एलिवेटेड रोड पs बड़ हादसा, कार लईकी समेत छव के रउदलस, दु के पुल से गिरके मौत, चार घायलन के इलाज एम्स में जारी।
  2. बिहार: अमित शाह कहले- 2024 में पहिले से बेसी सीट जीतके नरेंद्र मोदी बनिहे पीएम, NDA में नइखे कवनो मतभेद।
  3. उत्तर प्रदेश: कानून बेवस्था के लेके एक्शन में योगी सरकार, 7 आईपीएस अफसर लोगन के तबादला।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी केस में मुस्लिम पक्ष के बड़ झटका, वकील अभयनाथ यादव के हार्ट अटैक से निधन।
  5. झारखंड: हावड़ा कोर्ट- झारखंड कांग्रेस के 3 MLA सहित पांच आरोपी 10 दिन के पुलिस हिरासत में, CID के जांच के जिम्मा, सनिचर के बेहिसाब नकदी के संगे हिरासत में लिहल गइल रहे लो।
  6. साढ़े छव घन्टा कर पूछताछ के बाद शिवसेना सांसद गिरफ्तार, कहले- ना झुकल बानी ना झुकेम।
  7. इंडियन ऑयल के दु साल में पहिला बेर घाटा, बढ़ सकत बा पेट्रोल डीजल के दाम।
  8. जेपी नड्डा बोलले- सब रीजनल पार्टी खतम हो जइहें सs, रही तs खाली भाजपा।
  9. कॉमनवेल्थ में यंगिस्तान के जलवा: 19 साल के जेरेमी आ 20 साल के अर्चिता भारत के गोल्ड दिववावल लो, टीम इंडिया के कुल 6 मेडल।
  10. भारत पाकिस्तान के 8 विकेट से रउदलस: स्मृति मंधाना खेलली 63 रन के धमाकेदार पारी, 50 गेना बाकी रहते टारगेट हासिल कइलस भारत। कॉमनवेल्थ गेम्स में पहिला जीत मिलल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]