Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

30 मार्च के लॉन्च होई Redmi 12C स्टाइलिश स्मार्टफोन, कम दाम में मिली दमदार फीचर

Redmi 12C Launch Date Confirms Know Price and Specifications: जदि रउआ एगो नया बजट स्मार्टफोन लेवे के प्लानिंग कर रहल बानी तs रउआ खातिर निमन खबर बा। शाओमी इंडिया में Redmi 12C बजट स्मार्टफोन लॉन्च करे वाला बिया।

3,616

Xiaomi 30 मार्च के भारत में एगो नया लॉन्च इवेंट के पुष्टि कइले बा। कंपनी पुष्टि कइलस कि ऊ इवेंट में Redmi Note 12 4G के भारत में अपना नया नोट सीरीज फोन के रूप में लॉन्च करी। नया Redmi 12C भारत में कंपनी के एगो आउर बजट स्मार्टफोन होई। Redmi 12C पहिलही से भारत के बाहर कइयन बाजारन में उपलब्ध बा। Xiaomi आवे आला Redmi फोन के कुछ प्रमुख स्पेसिफिकेशंस के टीज कइले बा।

Redmi 12C के लॉन्च डेट कन्फर्म

Redmi 12C के भारत में एगो बजट स्मार्टफोन होखे के उम्मीद बा। फोन 30 मार्च के भारत में Note 12 4G के संगे लॉन्च होखे खातिर तइयार बा। Xiaomi के इवेंट माइक्रोसाइट पुष्टि कइले बा कि 12C इंडिया वैरिएंट ग्लोबल वैरिएंट के जइसने होई। फोन में पॉली कार्बोनेट से बनल एगो रियर पैनल डिजाइन बा। 12C भारत में चार कलर ऑप्शन-ब्लू, ब्लैक, पर्पल आ ग्रीन में लॉन्च होई। एमे 6GB तक रैम आ 5GB एक्सटेंडेड रैम सपोर्ट होई। Xiaomi फोन के 4GB आ 6GB रैम आ 64GB /128GB स्टोरेज के संगेे लॉन्च कs सकत बा।

Redmi 12C के स्पेसिफिकेशन्स

फोन 1650 × 720 पिक्सल के HD+ रिज़ॉल्यूशन के संगे 6.7 इंच के आईपीएस एलसीडी स्पोर्ट करत बा। फोन में फ्रंट कैमरा खातिर सबसे ऊपर एगो छोट वाटरड्रॉप नॉच बा। फोन में एगो स्टैंडर्ड 60Hz रिफ्रेश रेट पैनलो दिहल गइल बा। स्मार्टफोन में 50MP के प्राइमरी कैमरा के संगे डुअल-कैमरा सेटअप आ डेप्थ मैपिंग खातिर QVGA लेंस बा। सेल्फी खातिर 5MP के फ्रंट कैमरा बा। फोन 30 FPS तक 1080p वीडियो रिकॉर्ड कs सकत बा।

Redmi 12C के फीचर्स आ कीमत

Redmi 12C में 5000mAh के दमदार बैटरी बा। ई माइक्रो-यूएसबी पोर्ट के माध्यम से 10W चार्जिंग के सपोर्ट करत बा। फोन MediaTek Helio G85 SoC चिपसेट के संगे आ सकत बा। माइक्रोएसडी कार्ड के माध्यम से 512GB तक स्टोरेज के एक्सपेंड कइल जा सकत बा।

फोन के वजन लगभग 192 ग्राम बा। स्मार्टफोन के चीन में लगभग 8,400 रुपिया के सुरुआती कीमत पs लॉन्च कइल गइल रहे। इंडोनेशिया में, फोन IDR 1,399,000 (लगभग 7,600 रुपिया के सुरुआती कीमत पs उपलब्ध बा। हमनी के उम्मीद कs सकत बानी सs कि भारत में 12C के कीमत 10,000 रुपिया से कम होई।

491660cookie-check30 मार्च के लॉन्च होई Redmi 12C स्टाइलिश स्मार्टफोन, कम दाम में मिली दमदार फीचर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.