MWC 2023: OnePlus 11 Concept फोन भईल लॉन्च, एह में एक्टिव Cryoflux कूलिंग सिस्टम बा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2023

OnePlus 11 Concept के साथे एक्टिव क्रायोफ्लक्स कूलिंग सिस्टम दिहल गईल बा। ई कूलिंग सिस्टम फोन के रियर पैनल पs दिहल गइल बा। वनप्लस  हालहीं में OnePlus 11 5G के एआर आ रे ट्रेसिंग फीचर

Share

OnePlus 11 Concept के साथे एक्टिव क्रायोफ्लक्स कूलिंग सिस्टम दिहल गईल बा। ई कूलिंग सिस्टम फोन के रियर पैनल पs दिहल गइल बा। वनप्लस  हालहीं में OnePlus 11 5G के एआर आ रे ट्रेसिंग फीचर के साथे पेश कइले बा जवना के क्वॉलकॉम आ परफेक्ट वर्ल्ड गेम के साझेदारी में तईयार कइल गइल बा ।  

OnePlus 11 Concept फोन के बार्सिलोना में चल रहल मोबाइल वर्ल्ड कांग्रेस (MWC) 2023 में लॉन्च कई दिहल गईल बा। OnePlus 11 Concept के साथे एक्टिव क्रायोफ्लक्स कूलिंग सिस्टम दिहल गईल बा। ई कूलिंग सिस्टम फोन के रियर पैनल पs दिहल गइल बा । वनप्लस हाल ही में OnePlus 11 5G के AR आ रे ट्रेसिंग फीचर के साथे पेश कइले बा जवना के क्वॉलकॉम आ परफेक्ट वर्ल्ड गेम के साझेदारी में तईयार कइल गइल बा ।

कंपनी के मुताबिक OnePlus 11 Concept फोन के साथे मिले वाला कूलिंग सिस्टम फोन के 2.1 डिग्री सेल्सियस तक ठंडा कई सकत बा। एह में इंडस्ट्रियल सेरेमिक पाइजोइलेक्ट्रिक माइक्रोपंप्स दिहल गइल बा।

OnePlus  अपना इस कूलिंग सिस्टम के लेके फ्रेमरेट्स के बेहतर करे के दावा कईले बा। चार्जिंग के दउरानो ई कूलिंग सिस्टम फोन के 1.6 डिग्री सेल्सियस तक ठंडा करी। OnePlus 11 Concept फोन के साथे ग्लास यूनिबॉडी डिजाइन दिहल गईल बा औक मेटल-एलॉय के एह पs बेहतरीन कोटिंग बा जवना से  फोन के लुक बड़ा बेजोड़ लागत बा।

OnePlus  अपना एह फोन के कुल्ही फीचर्स के बारे में जानकारी अभी तक नइखे देले बाकिर  उमीद बा  कि फोन के स्नैपड्रैगन 8 Gen 2 प्रोसेसर के साथे पेश कइल जाई। एह मेगा इवेंट में OnePlus 45W लिक्विड कूलर थर्मोइलेक्ट्रिक कूलर के भी  लॉन्च कईले बा ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.