[the_ad_group id="30365"]

चक्रवात मैंडूस के ले के रेड अलर्ट, तमिलनाडु-पुडुचेरी में भारी बारिश के आसार, स्कूल-कॉलेज बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के दक्षिणी हिस्सा में चक्रवात ‘मैंडूस’ के खतरा मंडरा रहल बा। चक्रवात के आजु चेन्नई तट से टकरइले के संभावना बा। एके ले के तमिलनाडु, पुडुचेरी अउर आंध्र प्रदेश में रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा। एह राज्यन के कई जिला में स्कूल-कॉलेज में आज छुट्टी घोषित कइल गइल बा। चेन्नई स्थित क्षेत्रीय मौसम विज्ञान केंद्र अगिले तीन घंटा में तिरुवल्लुर, चेन्नई, चेंगलपट्टू अउर कांचीपुरम जिला में कुछ स्थान पर भारी बारिश होखले के संभावना जतवलें बा।
क्षेत्रीय मौसम विज्ञान केंद्र के अनुमान के मुताबिक, रानीपेट्टई, वेल्लोर, तिरुपत्तर, कृष्णागिरी, धर्मपुरी, तिरुवन्नामलाई, कल्लाकुरिची, अरियालुर, पेराम्बलुर, तिरुचिरापल्ली, करूर, इरोड, सलेम में हलुक से मध्यम बारिश होखले के संभावना बा। अगिले तीन घंटा में तमिलनाडु के नमक्कल, थिरुपुर, कोयम्बटूर, नीलगिरी, डिंडीगुल, थेनी, मदुरै, शिवगंगई, विरुधुनगर अउर तेनकासी जिला में हलुक से मध्यम बारिश हो सकsता।
उहवें मौसम विभाग (IMD) तमिलनाडु के तीन जिला चेंगलपट्टू, विल्लुपुरम अउर कांचीपुरम में आजु रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा। अनुमान के मुताबिक चक्रवात मैंडूस के कारण अधिकांश स्थान पर हल्की से मध्यम बारिश अउर कुछ स्थान पर भारी से बहुत भारी वर्षा हो सकsता। जबकि तमिलनाडु अउर पुडुचेरी के उत्तर तटीय इलाकन में अलग-अलग जगह पर मूसलाधार बारिश होखले के संभावना बा।

10 जिला में एनडीआरएफ के टीम तैनात

मौसम विभाग के अलर्ट के बाद तमिलनाडु के 10 जिला में एनडीआरएफ अउर राज्य सुरक्षा बल के 12 टीम तैनात कइल गइल बा। चक्रवात ‘मैंडूस’के मद्देनजर चेन्नई, विल्लुपुरम, कुड्डालोर अउर कांचीपुरम जिला में सब स्कूल-कॉलेज के आज बंद रखले के फैसला कइल गइल। चक्रवात मैंडूस के आजु मध्यरात्रि ले आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा तट के पार करे के संभावना बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]