[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी एयरपोर्ट पर लागल हाय-हाय के नारा: करीब 12 घंटा लेट भइल फ्लाइट, यात्री लोग जमीन पर बइठ के कइलें हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी के लाल बहादुर शास्त्री अन्तर्राष्ट्रीय एयरपोर्ट पs फ्लाइट लेट होखले से जम के हंगामा भइल। बियफे के स्पाइस जेट एयरलाइंस के विमान SG-201 के मुंबई से बिहाने 7:45 बजे उड़ान भर के 10 बजे वाराणसी एयरपोर्ट पहुंचल रहे। फिर वाराणसी से एही विमान के सुबह 10:30 बजे वाराणसी से दूपहर 12:30 बजे मुंबई पहुंचल रहे। मुंबई जाए वाले पैसेंजर सुबह वाराणसी एयरपोर्ट पहुंच गइल रहनें। लेकिन विमान अपने निर्धारित समय से न पहुंच के रात 8 बजे पहुंचलें अउर रात्रि 10:30 बजे विमान अपने गंतव्य खातिर रवाना भइलें।

एके ले के यात्री लोग जम के हंगामा कइल। स्पाइसजेट के अधिकारियन के द्वारा यात्रियन के समझवले के कोशिश कइल गइल। विमान के ज्यादा देर होखले के चलते यात्री लोग अधिकारियन खिलाफे नारेबाजी शुरु करs दिहल।

बता देईं कि एयरलाइंस के नियम के अनुसार विमान पकड़े वाले यात्रियन के बोर्डिंग टाइम से लगभग 1 घंटा पहिले पहुंचे के होला। जेमें सिक्योरिटी चेकिंग सहित दूसर जरूरी सुरक्षा जांच प्रक्रिया एयरलाइंस काउंटर पर यात्रियन के करावे के पड़sला। दूपहर ले विमान वाराणसी एयरपोर्ट पर नाइ पहुंचलें तब यात्री लोग स्पाइसजेट के अधिकारियन अउर कर्मचारियन से पूछताछ कइल शुरू कइलें।

उहवें यात्री लोग आरोप लगावल कि अधिकारी बेर-बेर झूठा दिलासा देत रहनें अउर एह दौरान कौनो पैसेंजर से नाश्ता अउर भोजन खातिर नाइ पूछल गइल। जेसे नाराज हो के यात्री एयरपोर्ट के टर्मिनल बिल्डिंग में धरना पर बैठ गइलें।

एयरलाइंस के अधिकारी लोग कहल कि विमान पहिलही से री-शेड्यूल रहल। सब पैसेंजर के ईमेल अउर फोन से सूचना दे दीहल गइल रहे। यात्रियन के नाश्ता के भी प्रबंध करावल गइल रहे। ई मेल अउर फोन से सूचना के बादो एयरपोर्ट पहुंचे वाले यात्रियन के व्यवस्था दीहल गइल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]