[the_ad_group id="30365"]

फोब्स लिस्ट: 100 सबसे शक्तिशाली महिला लोग के  लिस्ट में निर्मला सीतारमण, चार दूसर भारतियनो के मिलल जगह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के फोर्ब्स के ओर से जारी विश्व के 100 सबसे शक्तिशाली महिला लोग के सूची में शामिल कइल गइल बा। एह लिस्ट में उनके अलावे पांच अन्य भारतीयनो के जगह दीहल गइल बा। फोर्ब्स के लिस्ट में वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण, बायोकॉन के कार्यकारी अध्यक्ष किरण मजूमदार-शॉ अउर नायका के संस्थापक फाल्गुनी नायर के नाम शामिल बा। 36वें नंबर पर रहल सीतारमण लगातार चउथा बेर एह सूची में जगह बनवले बाड़ी। 2021 में, 63 वर्षीय मंत्री के सूची में 37 वें स्थान पर रखल गइल। जबकि ऊ 2020 में 41वें अउर 2019 में 34वें स्थान पर रहली।
सूची में शामिल होखे वाली अन्य भारतीय महिला लोग में में एचसीएलटेक के चेयरपर्सन रोशनी नादर मल्होत्रा (रैंक: 53), सिक्योरिटीज एंड एक्सचेंज बोर्ड ऑफ इंडिया (सेबी) के चेयरपर्सन माधबी पुरी बुच (रैंक: 54) अउर स्टील अथॉरिटी ऑफ इंडिया के चेयरपर्सन सोमा मंडल (रैंक: 67) बाड़ी। मल्होत्रा, मजूमदार-शॉ अउर नायर पिछले साल प्रतिष्ठित सूची में क्रमश: 52वें, 72वें अउर 88वें स्थान पर जगह बनवले रहली।
फोर्ब्स द्वारा मंगर के जारी सूची के अनुसार एह साल किरण मजूमदार-शॉ 72वें स्थान पर बाड़ी जबकि नायर 89वें स्थान पर बाड़ी। फोर्ब्स के ओर से जारी शक्तिशाली महिला लोग के सूची में सूची में 39 सीईओ, दस राष्ट्राध्यक्ष अउर 11 अरबपतियन के शामिल कइल गइल बा जिनकर कुल संपत्ति 115 अरब डॉलर बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]