[the_ad_group id="30365"]

डीपफेक वीडियो पs बात कइल रहे जरुरी, रश्मिका मंदाना बतवली स्टैंड लेवे के पीछे का रहे वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रश्मिका मंदाना आपन एगो हालिया में इंटरव्यू में ई खुलासा कइली कि डीपफेक के मुद्दा पs ऊ काहे स्टैंड लेली। We Are Yuvaa के संगे बतकही में एक्ट्रेस कहली कि अइसन कइल काहे जरूरी रहे, ताकि दोसरो लोग जागरूक हो सके। रश्मिका कहली कि ऊ ई बात से अच्छा से वाकिफ रही कि जदि ऊ एकरा खिलाफ बोलली, तs कुछ लोग कही कि तू तs इंडस्ट्री के हिस्सा बाडू, कुछ लोग कही कि अइसन चीज तs होते रहेला, एह में रिएक्ट का करे के बा?

मेंटल आ इमोशनल हेल्थ पs असर

रश्मिका मंदाना कहली की ऊ अगर कॉलेज में रहती आ उनका संगे इ तब होइत तs केहू उनका संगे ना आइत, काहे कि हमनी के समाज अइसन नइखे। ऊ डीपफेक मुद्दा पs बोलल एह से सही समझली कि लोग खास कs के कम उमिर के लईकी एह कुल्ही चीज के जाने के डीपफेक नाव के कवनो चीज होला। सोशल मीडिया पs एकर असर एगो इंसान के मानसिक स्वस्थ आ इमोशनल हेल्थ पs केतना पड़ेला।

के वायरल कइलस रश्मिका के डीपफेक वीडियो ?

बीतल साल नवंबर में रश्मिका के डीपफेक वीडियो वायरल भइल रहे। सोशल मीडिया पs एक्ट्रेस के शिकायत के बाद एह साल जनवरी में उनकर मॉर्फ्ड वीडियो बनाए वाला शख्स के गिरफ्तारो कइल गइल रहे।। दोषी कहलस कि ऊ आपन सोशल मीडिया के पेज पs ज्यादा व्यूज पावे के लालच में अइसन कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]