[the_ad_group id="30365"]

ना रहलें सारण नाट्य जगत के सितारा रंगकर्मी-नाटककार अमिय दा, नाट्य आ साहित्य जगत में शोक के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण नाट्य जगत के सितारा प्रसिद्ध रंगकर्मी-नाटककार आ साहित्यकार शिक्षाविद अभियनाथ चटर्जी के निधन हो गइल। उनका निधन पs छपरा व्यवहार न्यायालय के विधि मंडल के महेंद्र प्रसाद कक्ष में शोक सभा के आयोजन कइल गइल।

साहित्यिक संस्था बच्चू पांडेय कलावीथी के तत्वावधान में अधिवक्ता मंजूर अहमद के अध्यक्षता में शोक सभा के आयोजन कइल गइल। शोक सभा में अधिवक्ता सुभाष चंद्र श्रीवास्तव कहलें कि स्वर्गीय चटर्जी के सामाजिक सांस्कृतिक आ नाट्य समारोह में बहुते जोगदान रहे। उनकर हिंदी आ भोजपुरी साहित्य आउर नाटककार के रूप में बहुते जोगदान रहे। उनका मार्ग दर्शन मे छपरा में कइयन गो नाटकन आ काव्य गोष्ठी के आयोजन कइल गइल।

शिक्षाविद शंभू कमलाकर मिश्र कहलें कि अमिय दा जिला स्कूल में शिक्षको रहस। ऊ खाली सारण ना बलूक समूचा बिहार के बड़ नाटककार रहस। ऊ छपरा के कालीबाड़ी मंदिर में उपाध्यक्ष रहस। उनका आकस्मिक निधन से साहित्यिक जगत के गहिराह धक्का लागल बा। जवना के निकट भविष्य में पूरा नइखे कइल जा सकत।

एह शोक सभा में दक्ष निरंजन शंभू, बसंत कुमार सिंह, ज्योतिष पांडेय, गंगोत्री प्रसाद, रिपुंजय निशांत, अंजनी कुमार पांडे, विमल प्रसाद, रविशंकर प्रसाद श्रीवास्तव, ध्रुव नारायण सिंह , लातेश्वर बैठा, ज्योतिष पांडेय, विनय कुमार आदि उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]