[the_ad_group id="30365"]

ChatGPT पs पर्सनल जानकारी देत घरी रही सतर्क, ना तs लीक हो सकत बा राउर डेटा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

OpenAI के जेनरेटिव एआई-आधारित चैटबॉट ChatGPT यूजर्स के बीचे बहुते लोकप्रिय बा। एह टूल के उपयोग अधिकतर सरल सवालन खातिर कइल जाला, कुछ यूजर्स प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल करे खातिर प्लगइन्स आ एक्सटेंशन तक पहुंच जाला लो। इहां से जानकारी प्राप्त करे खातिर यूजर्स के आपन कुछ निजी जानकारी साझा करे के पड़ेला।

बाकी अइसन करत घरी रउआ सतर्क रहे के चाही। काहे की चैटबॉट के संगे साझा करे वाला जवन डेटा बा ओह में कुछ चीज कथित तौर पs लीक होखे के बात कहल गइल बा ।

जरूरी बा सतर्क रहल

OpenAI के जेनरेटिव एआई-आधारित चैटबॉट ChatGPT यूजर्स के बीच काफी लोकप्रिय बा। ई टूल के उपयोग अधिकतर सरल सवालन खातिर कइल जाला, कुछ यूजर्स प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल करे खातिर प्लगइन्स आ एक्सटेंशन तक चहुप जाले। इहा से जानकारी प्राप्त करेला यूजर्स के आपन कुछ निजी जानकारी साझा करे के पड़ेला।

बाकी अइसन करत बेर रउवा के सतर्क रहे के चाही। काहे की चैटबॉट के संगे साझा करे वाला जवन डेटा बा ओह में कुछ चीज कथित तौर पs लीक होखे के बात कहल गइल बा । रिपोर्ट में कहल गइल बा कि यूजर्स एगो असंबंधित क्वेरी खातिर ChatGPt ले चहूप बनवले आ बॉट के चैट हिस्ट्री में मौजूद अतिरिक्त बतकही के देखले जवन उनका से संबंधित नइखे।

ओपनएआई के रिपोर्ट

इs पूरा ममिला पs स्पष्टीकरण देत OpenAI के अधिकारी कहलन कि जवन डेटा के बारे में बात कइल जा रहल बा ओकरा संगे छेड़छाड़ कइल गइल बा। एगो बयान में कहल गइल कि “हमनी जवन देखत बानी सs, एगो खाता अधिग्रहण मान्य हs काहे की इ गतिविधि के अनुरूप हs, जवना में हमनी देखत बानी जहां कवनो आदमी पहचान के ‘पूल’ में योगदान दे रहल बा जे से बाहरी समुदाय या प्रॉक्सी सर्वर वितरित करे के उपयोग हो रहल बा।

पहिलहू सामने आइल बा अइसन ममिला

एक बार पहिलहू चैटजीपीटी से यूजर्स के जानकारी लीक होखे के जानकारी सामने आइल रहे। मार्च 2023 में कथित तौर पs आइल कुछ बग्स के कारण अइसन देखे के मिलल रहे। उ समय रिसर्चर्स एआई बॉट के LLM प्रशिक्षण में उपयोग कइल गइल निजी डेटा के प्रकट करे ला प्रेरित करे के खातिर सवाल के उपयोग में सक्षम रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]