Rangbaaz 4 : मोहित रैना के धाकड़ अंदाज से फेर लवट रहल बा क्राइम के खेल, ZEE5 पs जल्दिये होई रिलीज

Mohit Raina in a fierce look from Rangbaaz 4, the upcoming ZEE5 crime thriller web series

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। रंगबाज 4 के आधिकारिक एलान हो गइल बा। भारतीय ओटीटी के लोकप्रिय क्राइम-ड्रामा सीरीज ‘रंगबाज’ अब अपना चउथा सीजन के संगे फेर दर्शकन के बीच धमाकेदार वापसी करे जा रहल बा। अबकि बेर सीरीज में अपराध, सत्ता, राजनीति आ सस्पेंस के आउर बड़ खेल देखे के मिली। नया सीजन के निर्देशन रंजन चंदेल कs रहल बाड़ें, जबकि मुख्य भूमिका में अभिनेता मोहित रैना नजर अइहें।

मोहित रैना के नया अवतार बनल चरचा के विषय

‘रंगबाज 4’ में मोहित रैना एगो दमदार आ चुनौतीपूर्ण किरदार निभावत नजर अइहें। अभिनेता के मोताबिक, एह सीजन में ऊ ओह आदमी के भूमिका में बाड़ें जे सुरुआत में सीधा-सादा, आदर्शवादी आ महत्वाकांक्षी रहे, बाकिर समय आ हालात ओकरा के धीरे-धीरे खतरनाक अपराधी बना देला।

सीरीज में देखावल जाई कि ताकत, लालच आ सत्ता के चाह कवना तरे एगो आदमी के जिनगी पूरा तरे बदल देला। मोहित रैना के ई नया लुक आ अभिनय दर्शकन खातिर खास आकर्षण बनल बा।

अपराध, राजनीति आ सत्ता के नया खेल

‘रंगबाज 4’ के कहानी अबकि बेर पहिले से कहीं जादे व्यापक स्तर पs आधारित बा। निर्माता लोगन के दावा बा कि नया सीजन में अपराध के दुनिया के संगे-संगे राजनीति आ सत्ता के गहिराह गठजोड़ देखे के मिली।

कहानी ई बताई कि कवना तरे लालच, शक्ति आ हालात के दबाव में एगो आम आदमी अपराध के रास्ता पकड़ लेला आ ओकरा बाद मानसिक, सामाजिक आ भावनात्मक रूप से भारी कीमत चुकावे के पड़ेला। सीरीज में भरपूर एक्शन, सस्पेंस आ ड्रामा देखे के उम्मेद बा।

पहिला सीजन श्री प्रकाश शुक्ला के कहानी पर रहल आधारित

‘रंगबाज’ फ्रेंचाइजी के सुरुआत साल 2018 में भइल रहे। IMDb पs 7.7 रेटिंग हासिल करे वाला पहिला सीजन उत्तर प्रदेश के चर्चित गैंगस्टर श्री प्रकाश शुक्ला के जिनगी से प्रेरित कहानी पs आधारित रहे।

एह सीजन में देखावल गइल रहे कि गोरखपुर के एगो नवजवान कइसे 1990 के दशक में अपराध के दुनिया के बड़ नाम बन गइल। कहानी में संगठित अपराध, राजनीतिक संरक्षण आ पुलिस कार्रवाई के रोमांचक ढंग से पेश कइल गइल रहे। पुलिस ओकरा गिरफ्तारी खातिर विशेष टास्क फोर्स (STF) के गठन कइले रहे।

कब आ कहां देखल जा सकी ‘रंगबाज 4’?

‘रंगबाज 4’ के स्ट्रीमिंग ZEE5 ओटीटी प्लेटफॉर्म पs होई। हालांकि निर्माता अभी तक आधिकारिक रिलीज डेट के घोषणा नइखे कइले, बाकिर प्रोमो जारी होखला के बाद साफ हो गइल बा कि सीरीज जल्दिये ZEE5 पs रिलीज होखे वाला बा।

फैंस के बढ़ल इंतजार

‘रंगबाज’ के पिछिला तीनो सीजन के सानदार सफलता के बाद अब चउथा सीजन के लेके दर्शकन में जबरदस्त उत्साह बा। मोहित रैना के दमदार किरदार, नया कहानी आ अपराध-राजनीति के रोमांचक मेल के चलते रंगबाज-4 साल के सबसे चर्चित ओटीटी रिलीज में से एगो मानल जा रहल बा। जदि रउआ क्राइम थ्रिलर देखे के शौकीन बानी, तs ई सीरीज जरूर देखे लायक होखे के उम्मेद बा।

Read Also: Ram Mandir Donation Theft : अब ट्रस्टी, बैंक कर्मी आ सुरक्षाकर्मियन से होई पूछताछ, पुलिस तेज कइलस जांच

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-