[the_ad_group id="30365"]

Palamu : सब्जी बेचके लवटत बाप-बेटा पs गिरल आकाशीय बिजली, घर से 200 मीटर पहिले मौत

Father and son killed in a lightning strike
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पलामू : झारखंड के पलामू जिला में मंगर के दिन एगो दर्दनाक हादसा हो गइल। आकाशीय बिजली गिरला से सब्जी बेचके मोटरसाइकिल से घर लवट रहल बाप-बेटा के घटनास्थले पs मौत हो गइल। ई घटना पांकी थाना क्षेत्र के पुरुषोत्तमपुर गांव में भइल, जवना से पूरा इलाका शोक में डूबल बा।

घर से मात्र 200 मीटर दूर भइल हादसा

पुलिस के अनुसार, 55 साल के बालमुकुंद यादव आ उनकर 32 साल के बेटा दिलीप यादव बाजार से सब्जी बेचके मोटरसाइकिल पs घरे लवटत रहे लो। जब ऊ लोग अपना घर से करीब 200 मीटर दूर पहुंचल, ओही समय तेज गरज-चमक के बीच उनका पs आकाशीय बिजली गिर गइल। बिजली के तेज झटका से दुनो के घटनास्थले पs मौत हो गइल।

पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल शव

पांकी थाना प्रभारी दीपक कुमार सिंह बतवलें कि पुलिस शव के कब्जा में ले लेले बिया। दुनो शव के पोस्टमार्टम मेदिनीराय मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल में करावल जाई। पुलिस पूरा घटना के जांच में जुटल बिया।

सरायकेला में वज्रपात से गइल रहे दू गो जान

एकरा से पहिले सरायकेला-खरसावां जिला में वज्रपात से दूगो लोग के जान गइल रहे। घटना एगो श्राद्ध कार्यक्रम के दौरान भइल रहे, जहां तेज बरखा से बचे खातिर कुछ लोग पेड़ के नीचे बइठल रहे। एही दौरान बिजली गिरला से 7 लोग घायल हो गइल, जवना में 32 साल के सोनू सरदार आ 9 साल के रोशनी सुरेन के इलाज खातिर अस्पताल ले गइला के दौरान मौत हो गइल।

ग्रामीणन के आरोप बा कि हादसा के बाद एंबुलेंस करीब एक घंटा देरी से पहुंचल, जवना चलते राहत कार्य प्रभावित भइल।

लातेहार में वज्रपात से गइल दू जुवकन के जान

झारखंड के लातेहार जिला में हाले में आकाशीय बिजली गिरला से 20 साल के पीयूष कुमार आ 18 साल के पवन कुमार के मौत हो गइल रहे। पुलिस के मोताबिक, बरखा के दौरान दुनो जुवक फेंड के नीचे खड़ा रहेद लाेग, ओही समय बिजली गिर गइल।

दूनो के गंभीर हालत में सदर अस्पताल ले जाइल गइल, बाकिर डॉक्टर लोग उनकरा के मृत घोषित कs दिहल। बाद में शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल।

Read Also: Ram Mandir Donation Theft : अब ट्रस्टी, बैंक कर्मी आ सुरक्षाकर्मियन से होई पूछताछ, पुलिस तेज कइलस जांच

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]