Ramlila : कुंभकर्ण के किरदार निभावे वाला कलाकार के हार्ट अटैक से मौत

Share

रामलीला : राष्ट्रीय राजधानी के चिराग दिल्ली इलाका में रामलीला के मंचन होखत रहे। एह दौरान रावण के भाई कुंभकर्ण के भूमिका निभावत घरी छाती में दर्द के शिकायत के बाद 60 साल के एगो आदमी के मौत हो गइल। घटना शुक के रात के करीब 11 बजे भइल। बतावल जाता कि पश्चिम विहार निवासी विक्रम तनेजा मालवीय नगर के सावित्री नगर रामलीला में कुंभकर्ण के भूमिका निभावत रहले, ओही समय उनका छाती में दर्द के शिकायत रहे। उनका के आकाश अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां से उनका के पीएसआरआई अस्पताल रेफर कऽ दिहल गइल।

मामला के बारे में एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि शनिचर के इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल। आशंका बा कि हार्ट अटैक के चलते तनेजा के मौत हो गइल। उनका परिवार के सदस्यन के बयान दर्ज करावल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-