सबेरे-सबेरे: खून के गंदगी के साफ क‌रे के रामबाण इs घरेलू नुस्खा, रउरा करे के बा बस इs काम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 16, 2024

Blood Detoxification Tips: शरीर में खून के शुद्ध होखल स्वस्थ जीवन के खातिर बेहद जरूरी हs. रउरा पता होई कि हमानी के शरीर में आधा से ढेर बेमारी के पता खून के जांच कइके लगावल

Share

Blood Detoxification Tips

Blood Detoxification Tips: शरीर में खून के शुद्ध होखल स्वस्थ जीवन के खातिर बेहद जरूरी हs. रउरा पता होई कि हमानी के शरीर में आधा से ढेर बेमारी के पता खून के जांच कइके लगावल जा सकेला । जब खून में गंदगी या टॉक्सिन्स जमा हो जाला, तs एसे कई प्रकार के समस्या पैदा हो सकेला जइसे त्वचा संबंधी समस्या, पाचन समस्या, थकान आ रोग प्रतिरोधक क्षमता में कमी. हालांकि कुछ घरेलू नुस्खा आ प्राकृतिक चीजन खून के शुद्ध कइले में मददगार हो सकेला . कुछ अइसने रामबाण घरेलू नुस्खा जवन खून से गंदगी के दूर कइल में सहायक होला .

खून के साफ क‌इले के प्राकृतिक नुस्खा 

1. नीम के पतई

नीम के खून साफ करे के खातिर एक प्रभावी जड़ी-बूटी मानल जाला । नीम में एंटीबैक्टीरियल, एंटीफंगल आ एंटीवायरल गुण होले जोन खून में मौजूद टॉक्सिन्स के दूर क‌इले में मदद करेला।

कइसे करीं इस्तेमाल

नीम के पत्तई के पानी में उबाल के ओ पानी के छान के पीं.

आप नीम के पत्तई के पेस्ट बना के ओकर सेवन क‌इ सकेनी

२. हल्दी

हल्दी में मौजूद करक्यूमिन खून के साफ करे के खातिर जानल जाला. एकरे एंटीऑक्सीडेंट आ एंटीइंफ्लेमेटरी गुण खून के साफ करेला आ शरीर से टॉक्सिन्स के बाहर निकालेला

कइसे करीं इस्तेमाल

एगो गिलास गर्म दूध में आधा चम्मच हल्दी पाउडर मिला के रोजाना राती के सूतले से पहिले पीं

हल्दी के सेवन सब्जियन में नियमित रूप से करीं.

३. एलोवेरा जूस

एलोवेरा खून के साफ क‌इले में मदद करेला आ शरीर के डिटॉक्सिफाई करेला . एकरे एंटीऑक्सीडेंट गुण शरीर से टॉक्सिन्स के बाहर निकालेला

कइसे करीं इस्तेमाल

रोजाना सुबह खाली पेट एलोवेरा जूस के सेवन करीं

आप एलोवेरा के ताजा गूदा निकाल के ओकर रस पी सकेनी.

४-. तुलसी के पतई

तुलसी के एगो पवित्र आ औषधीय पौधा मानल जाला । एकरे पत्तन के सेवन क‌इले से खून के साफ क‌इल जा सकेला आ शरीर के रोगन से लड़ले के क्षमता मिलेला

कइसे करीं इस्तेमाल

तुलसी के 5-7 पत्तन के पानी में उबाल के ओ पानी के छान के पीं. रोजाना खाली पेट तुलसी के पत्तन के साथ सेवन करीं.

५-. ग्रीन टी

ग्रीन टी में एंटीऑक्सीडेंट गुण होला जवन शरीर के डिटॉक्स कइले में मदद करेला आ खून से टॉक्सिन्स के निकालेला.

कइसे करीं इस्तेमाल

रोजाना सुबह आ शाम के ग्रीन टी के सेवन करीं

ग्रीन टी में शहद मिला के एके अउर जादा प्रभावी बनावल जा सकेला.

खून के साफ रखल ना खाली त्वचा के निखारेला बल्कि शरीर के कई रोगन से भी लड़ेला. एs घरेलू नुस्खा के नियमित रूप से उपयोग क‌इले से शरीर में प्राकृतिक तरीका से डिटॉक्स प्रक्रिया के बढ़ावा मिलेला आ स्वास्थ्य में सुधार होला. हालांकि, कवनो नुस्खा के अपनावे से पहिले डॉक्टर के सलाह लेवल हमेशा बेहतर होला, खास कs के अगर आपके कवनो स्वास्थ्य समस्या बा.

अस्वीकरण: सलाह सहित ई सामग्री केवल सामान्य जानकारी प्रदान करेला. ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे. अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ आ अपने चिकित्सक से परामर्श करीं. 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.