[the_ad_group id="30365"]

रेलवे भर्ती: रेलवे मार्च 2023 तक देई 35 हजार नौकरी, RRB NTPC रिजल्ट के समय-सीमा भी तय कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे पहिला बेर न खाली अपने भर्ती परीक्षा के परिणाम के घोषणा करे खातिर समय-सारिणी निर्धारित कइले बा। बलुक एह साल के गैर-तकनीकी लोकप्रिय श्रेणी के परीक्षा में चयनित 35,281 उम्मीदवारन के मार्च 2023 ले नौकरी देहले के समय-सीमा भी निर्धारित कइले बा।

ई कदम एक लाख से अधिक उम्मीदवारन के बड़ राहत के रूप में आइल बा, जौन विभिन्न चरण में परीक्षा देहलें अउर परिणाम के अगोरा कs रहल बानें। आरआरबी एनटीपीसी परीक्षा 2022, लगभग चार बरिस में भारतीय रेलवे के विभिन्न क्षेत्रीय रेलवे अउर उनकर उत्पादन इकाइयन खातिर 35,281 रिक्तियन के भरे खातिर आयोजित कइल गइल रहे।

21 आरआरबी में से 17 के परिणाम जारी

अधिकारी लोग कहनें कि सितंबर में स्तर-6 में 7,124 उम्मीदवारन के परिणाम घोषित कइल गइल रहे, उनकर चिकित्सा मूल्यांकन अउर दस्तावेज सत्यापन चल रहल बा। 21 आरआरबी में से 17 ने पहिलही आपन अंतिम परिणाम घोषित कs देहले बा। जबकि बाकी जल्दिए आपन परिणाम घोषित करिहें। रेलवे द्वारा तैयार कइल गइल टाइम-टेबल के मुताबिक नवंबर के तीसरे हफ्ता ले लेवल-5 के रिजल्ट आ जाई अउर दिसंबर के दूसरे हफ्ते तक उनकर डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन अउर मेडिकल के काम पूरा हो जाई। जनवरी के तीसरे सप्ताह ले इनके नौकरी खातिर पैनलबद्ध कs लिहल जाई।

मार्च 2023 के चौथा सप्ताह ले पूरा हो जाई प्रक्रिया

लेवल-4 के नौकरियन में शामिल होखे वालन के नतीजा जनवरी के दूसरे सप्ताह तक आ जाई, जेकरे बाद उनकर दस्तावेज सत्यापन अउर चिकित्सा मूल्यांकन फरवरी के पहिले सप्ताह ले पूरा हो जाई। एही महीना के चार तारीख ले चयनित लोग के पैनलबद्ध कइल जाई। लेवल-3 की नौकरियन खातिर, पैनल मार्च 2023 के पहिले सप्ताह ले पूरा हो जाई, जबकि लेवल-2 के नौकरियन खातिर पूरा प्रक्रिया मार्च 2023 के चौथे सप्ताह ले पूरा हो जाई। एहमें स्टेशन मास्टर, गुड्स गार्ड, कमर्शियल अपरेंटिस, टिकट क्लर्क, जूनियर अकाउंट असिस्टेंट, सीनियर क्लर्क कम टाइपिस्ट अउर टाइमकीपर जइसन नौकरी में शामिल होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]