Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा होके चले वाली ट्रेन प्रभावित: रेल यात्री कृपया धेयान देवे लो, 22 से 26 जून तक 2 ट्रेन बा रद्द; 4 के बदलल रूट, देखीं लिस्ट

एकर जानकारी जन संपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देले बाड़ें। निर्धारित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी। 

206

छपरा से होके चले वाली कइयन ट्रेन प्रभावित होई। पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल के औंड़िहार स्टेशन के यार्ड रिमॉडलिंग कार्य आ औंड़िहार-भटनी रेल खण्ड पs इस्थित औंड़िहार-सादात स्टेशनन के बीच में दोहरीकरण काम के लेके 22 से 26 जून, तक नॉन इंटरलॉकिंग काम के कारण ब्लॉक दिहल गइल बा। एकरा कारण कइयन गाड़ियन के निरस्त, मार्ग परिवर्तन आ रि-शेड्यूल कइल गइल बा।

एकर जानकारी जन संपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देले बाड़ें। निर्धारित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।

एह ट्रेनन के कइल गइल बा रद्द-

  • बनारस से 25 जून के चले वाली 15104 बनारस-गोरखपुर इंटरसिटी एक्सप्रेस रद्द रही।
  • गोरखपुर से 25 जून के चले वाली 15103 गोरखपुर-बनारस इंटरसिटी एक्सप्रेस रद्द रही।

एह ट्रेनन के कइल गइल बा मार्ग परिवर्तन

  • सीतामढ़ी से 25 जून के चले वाली 14005 सीतामढ़ी-आनन्द विहार टर्मिनल एक्सप्रेस अपना निर्धारित मार्ग मऊ-औंड़िहार-वाराणसी जं.-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज जं. के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मऊ-शाहगंज-जौनपुर-जंघई-प्रयागराज जं. के रास्ते चलावल जाई।
  • नाहरलगुन से 24 जून के चले वाली 09526 नाहरलगुन-ओखा विशेष गाड़ी अपना निर्धारित मार्ग सोनपुर-छपरा-औंड़िहार-वाराणसी जं. के स्थान पs परिवर्तित मार्ग सोनपुर-पाटलिपुत्र-पं० दीनदयाल उपाध्याय जं.-वाराणसी जं० के रास्ते चलावल जाई।
  • लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 24 जून के चले वाली 11061 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-जयनगर एक्सप्रेस अपना निर्धारित मार्ग वाराणसी जं.-औंड़िहार-छपरा-सोनपुर के स्थान पs परिवर्तित मार्ग वाराणसी जं.-पं० दीनदयाल उपाध्याय जं.-पाटलिपुत्र-सोनपुर के रास्ते चलावल जाई।
  • बलिया से 25 जून के चले वाली 01026 बलिया-दादर विशेष गाड़ी अपना निर्धारित मार्ग मऊ-औंड़िहार-वाराणसी जं.-प्रयागराज जं. के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मऊ-शाहगंज-जौनपुर-जंघई-प्रयागराज जं. के रास्ते चलावल जाई।

एह ट्रेनन के रीशेड्यूल कइल गइल 

  • वाराणसी सिटी से 25 जून, 2023 के चले वाली 15132 वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस वाराणसी सिटी से 60 मिनट रि-शेड्यूल कs के चलावल जाई।
  • गाजीपुर सिटी से 25 जून, 2023 के चले वाली 22419 गाजीपुर सिटी-आनंद विहार टर्मिनल एक्सप्रेस गाजीपुर सिटी से 240 मिनट रि-शेड्यूल कs के चलावल जाई।
575460cookie-checkछपरा होके चले वाली ट्रेन प्रभावित: रेल यात्री कृपया धेयान देवे लो, 22 से 26 जून तक 2 ट्रेन बा रद्द; 4 के बदलल रूट, देखीं लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.