[the_ad_group id="30365"]

Congress: 14 जनवरी से राहुल गांधी के ‘भारत न्याय यात्रा’, मणिपुर से आगाज; 14 राज्यन में 6200 KM के सफर होई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत जोड़ो यात्रा के बाद अब राहुल गांधी मणिपुर से मुंबई तक भारत न्याय यात्रा के तइयारी में बाड़ें। आवे वाला 14 जनवरी से कांग्रेस पार्टी के भारत न्याय यात्रा सुरू होई। राहुल गांधी मणिपुर से मुंबई तक जइहें। रिपोर्ट्स के मोताबिक कांग्रेस के एह आयोजन में पार्टी आलाकमान के अलावे प्रदेश कांग्रेस के तमाम नेता शिरकत करी लो।

कांग्रेस के व्यापक जनसंपर्क अभियान

पार्टी के कार्यक्रम से जुड़ल रिपोर्ट्स के मोताबिक राहुल गांधी भारत जोड़ो यात्रा के तर्ज पs जनसंपर्क के नया कवायद कs रहल बा। पूर्वोत्तर भारतीय प्रदेश मणिपुर से 14 जनवरी के सुरू होखे वाला यात्रा 20 मार्च के खत्म होई। कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल बतवलें कि यात्रा के दौरान नवहन, महिलन आ हाशिया पs मवजूद लोगन से बातचीत करे के प्रयास कइल जाई।

एह प्रदेशन के कवर करी भारत न्याय यात्रा

ऊ कहलें कि कइयन प्रदेशन से गुजरे के एकरा पहिले भारत जोड़ो पदयात्रा के बाद राहुल गांधी आ कांग्रेस के लगे बड़ अनुभव बा। वेणुगोपाल कहलें कि भारत न्याय यात्रा 6,200 किलोमीटर के दूरी तय करी। मणिपुर से सुरुआत के बाद कांग्रेस नेता नागालैंड, असम, मेघालय, पश्चिम बंगाल, बिहार, झारखंड, ओडिशा, छत्तीसगढ़, उत्तर प्रदेश, राजस्थान, मध्य प्रदेश आ गुजरात के कुछ हिस्सन में जाई लो। सबसे अंत में भारत न्याय यात्रा महाराष्ट्र पहुंची। मुंबई में 20 मार्च के यात्रा के समापन होई।

कांग्रेस वर्किंग कमेटी में भारत न्याय यात्रा पs चरचा 

वेणुगोपाल के मोताबिक, बीतल 21 दिसंबर के कांग्रेस वर्किंग कमेटी के बैठक भइल। एमे सर्वसम्मति से 14 जनवरी से मणिपुर से मुंबई तक ‘भारत न्याय यात्रा’ आयोजित करे के फैसला लिहल गइल। समिति स्वीकार कइलस कि राहुल गांधी के पूरब से पश्चिम तक जाये वाली एह यात्रा के सुरुआत मणियेपुर से करे के चाहीं। राहुल गांधी समिति में बनल आम सहमति पs राजी हो गइलें।

14 राज्यन आ 85 जिलन से गुजरी यात्रा

65 दिनन तक चले वाली एह यात्रा के दौरान राहुल आ आउर कांग्रेस नेता 14 राज्यन आ 85 जिलन से गुजरी लो। भारत जोड़ो यात्रा के उल्टा, अबकी बेर बस से 6,200 किलोमीटर के सफर तय कइल जाई। कांग्रेस महासचिव वेणुगोपाल के मोताबिक बस यात्रा के दौरान आम लोगन के बड़ संख्या में राहुल से मिले के मवका मिली। ऊ कहलें कि पूरा सफर के दौरान समय-समय पs तनिका-तनिका दूर तक पदयात्रा के योजनो बनावल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]