[the_ad_group id="30365"]

DMDK पार्टी के चीफ आ एक्टर विजयकांत के निधन, रहले Covid पॉजिटिव 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कैप्टन विजयकांत के निधन हो गइल बा। उs 28 दिसंबर बियफ़ें के सुबेरे चेन्नई के एगो अस्पताल में आपन अंतिम सांस लेले। हाल ही में उनकर Covid टेस्ट पॉजिटिव आइल रहे आ उनका साँस लेवे में दिक्कत होखत रहे। जवना के बाद उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। कुछ घंटा तक उनुकर हालत बहुत गंभीर रहल अवुरी उनुका के वेंटिलेटर सपोर्ट पs राखल गईल।मेडिकल स्टाफ के बहुत कोशिश के बावजूद निधन हो गईल।

विजयकांत बियफ़ें के सबेरे एs दुनिया के छोड़ देले

उनुका निधन के खबर के बाद चेन्नई में उनुका आवास पs लोग के भीड़ जुट गईल। उनुका के एमआईओटी इंटरनेशनल अस्पताल में भर्ती करावल गईल। मउत के बाद एमआईओटी इंटरनेशनल एगो प्रेस रिलीज जारी कs कहलस कि, ‘कैप्टन विजयकांत निमोनिया के चलते भर्ती भईला के बाद वेंटिलेटरी सपोर्ट पs रहले।’ मेडिकल स्टाफ के बहुत कोशिश के बावजूद 28 दिसंबर 2023 के सुबेरे उनुकर निधन हो गईल।

विजयकांत के नवंबर में भी अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक देसिया मुरपोक्कू द्रविड़ कड़गम (DMDK) के संस्थापक अवुरी अभिनेता विजयकांत के प्यार से ‘कैप्टन’ कहल जात रहे। उहो बहुत दिन से बेमार रहले। उनकर उमिर 71 साल रहे। विजयकांत के एकरा से पहिले नवंबर में एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे। करीब तीन हफ्ता तक उनुका के अस्पताल में राखल गईल। एकरा बाद उनुका के अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गईल।

विजयकांत के रहले?

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक विजयकांत बहुत हिट फिल्म कईले रहले। ऊ 154 गो फिलिमन में काम कइले रहले। उ अभिनय के बाद राजनीति में उतरले। उ डीएमडीके पार्टी के स्थापना कईले। उ दु बेर विधायक भी चुनल गईले। विरुधाचल आ ऋषिवंडियम से चुनाव जीत के विधानसभा में पहुंचले। एतने ना, उ 2011 से 2016 ले तमिलनाडु विधानसभा में विपक्ष के नेता भी रहले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]