Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उद्धव के नइखे मिलल न्योता, राउत बोलले- ‘नइखे जरूरत, हम रामलला के आशीर्वाद लेवे खातीर जरूर जाएब बाकीर..

भगवान राम के अभिषेक समारोह अगिला साल 22 जनवरी के अयोध्या के नवनिर्मित मंदिर में होखे वाला बा। संजय राउत कहले कि विश्व हिन्दू परिषद के प्रमुख (स्वर्गीय) अशोक सिंघल मुंबई के ठाकरे के आवास मातोश्री में बैठक करत रहले अवुरी ओ समय भाजपा ना रहे।

718

 

शिवसेना (उद्धव बालासाहेब ठाकरे) के नेता संजय राउत मंगल के दिने कहलन कि पार्टी प्रमुख उद्धव ठाकरे के अगिला महीना राम मंदिर में होखे वाला अभिषेक समारोह खातिर अयोध्या जाए के नेवता के जरूरत नइखे, काहे कि शिवसेना के उत्तर प्रदेश शहर से लमहर संबंध बा। राउत दावा कईले कि, 1992 में जब भारतीय जनता पार्टी बाबरी मस्जिद के तोड़े खातीर शिवसेना के जिम्मेदार ठहरवले रहे तs शिवसेना के संस्थापक बाल ठाकरे एकर जिम्मेवारी लेले रहले।

मातोश्री में बइठ कइल करत रहले हs अशोक सिंघल’

भगवान राम के अभिषेक समारोह अगिला साल 22 जनवरी के अयोध्या के नवनिर्मित मंदिर में होखे वाला बा। जब राउत से पूछल गईल कि ठाकरे के ए आयोजन खातीर बोलावल गईल बा कि ना त राउत कहले कि, उद्धव ठाकरे के अयोध्या घूमे खातीर बोलावे के जरूरत नईखे। हमनी के आप (भाजपा) से पहिले अयोध्या में बानी जा। राउत कहले कि विश्व हिन्दू परिषद के मुखिया (स्वर्गीय) अशोक सिंघल मुंबई के ठाकरे के आवास मातोश्री में बैठक करत रहले अवुरी ओ समय भाजपा ना रहे।

हम शो खतम भइला का बाद जाएब

राउत कहले कि, हमनी के ए आयोजन के राष्ट्रीय उत्सव ना बनावल चाहतानी अवुरी ना एकरा के राजनीतिकरण कईल चाहतानी। हमनी के रामलाला के आशीर्वाद लेवे खातीर उहाँ जरूर जाईब, लेकिन पूरा शो खतम होखला के बाद।”

सोनिया आ खरगे के नेवता भेजल गइल

बता दीं कि राम मंदिर के भव्य उद्घाटन समारोह खातिर कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे आ सोनिया गांधी के भी नेवता भेजल गइल बा। श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के ओर से पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अवुरी एचडी देवगौड़ा के भी नेवता भेजल गईल बा। लोकसभा में कांग्रेस नेता अधीर रंजन चौधरी के भी नेवता भेजल गईल बा। हालांकि अबे ले कवनो जानकारी नईखे मिलल कि उ ए समारोह में शामिल होईहे कि ना।

 

 

 

 

697320cookie-checkउद्धव के नइखे मिलल न्योता, राउत बोलले- ‘नइखे जरूरत, हम रामलला के आशीर्वाद लेवे खातीर जरूर जाएब बाकीर..

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.