[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: नगर पालिका चुनाव खातिर आज घोषणा संभव; पटना में फेर से महिला होईहें, मेयर-डिप्टी मेयर, 9 नगर निगमन में रही महिला लोगन के राज।
  2. बिहार: पारस के पार्टी बोलल- चिराग के अइला से फायदा ना होई, 2020 में जदि लोजपा अकेले चुनाव ना लड़ल रहित तs भाजपा बहुमत में होइत।  पार्टी तुरे के आरोप चिराग पासवान पs लगवलस।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में टैक्स भरे वाला खा गइल लो किसानन के पईसा: 21 लाख फेक खातन में गइल पीएम किसान योजना के 46 अरब रुपिया, कृषि मंत्री बोलले- वसूली होई।
  4. उत्तर प्रदेश: म्यांमार, बांग्लादेश के ड्रग माफिया लखनऊ के बनावल लो सेंटर, डार्क वेब के माध्यम से होला यूरोप के देसन तक डिल, बिट कॉइन में लेवे ला लो पेमेंट।
  5. झारखंड: डोरंडा कॉलेज में खुलेआम गुंडई,बेखौफ नशा करेले अपराधी, छेड़खानी से रोकला पs बदमाशन द्वारा प्रोफेसर के पिटल गइल, कहले सs- ई हमार बाप के कॉलेज हs।
  6. पीएम मोदी कर्तव्य पथ के उद्घाटन कइलें: बोलले- गुलामी के प्रतीक राजपथ अब इतिहास के बात।
  7. ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ के निधन, स्कॉटलैंड के बाल्मोरल कासल में 96 साल के उमिर में क्वीन अंतिम सांस लेली, चार्ल्स किंग बनावल गइलें।
  8. ममता बनर्जी बोलली: ED आ CBI भाजपा के पालतू, 2024 खातिर बंगाल से होई खेला के सुरूआत।
  9. नीरज चोपड़ा स्विट्जरलैंड में रचले इतिहास, तीसरा कोसिस में जीतले डायमंड लीग फाइनल्स के खिताब।
  10. विराट से हारल अफगानिस्तान: 3 साल बाद कोहली के शतक, 122 रन के पारी खेलले, अफगान टीम 111 रन बना सकले, भुवनेश्वर के गेंदबाजी में पंजा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]